खेलकुद से जितपुर सिमरा के विश्व मे चिन्हावेला भईला से सभे मिल के सहजोग करीं : प्रमुख अतिथि चौधरी

प्रभु यादव
बारा ०७ फागुन
खेलकुद से जितपुर सिमरा के विश्व मे चिनहावेला कवनो राजनिती दल मे बानी माकिर सभे मिल के सहजोग करी जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका के उपमेयर सरस्वती चौधरी जनकारी करावले बानी ।
जीतपुरसिमरा गोल्डकप १२ वाँ संस्करण बारा के सिमरा मे सञ्चालन होई जनकारी करावेला कईल गईल पत्रकार सम्मेलन के प्रमुख अतिथि उपमेयर चौधरी कवनो राजनिती धार के होखि विकास के काम मे उपमहानगरपालिका मे एक होकर के अगाडि बढेके बतावले बानी । जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका से गोल्डकप खेल आयोजना करेला २५ लाख खेल मैदान रंगशाला व्यवस्थापन करेला परसाल ३० लाख आ अबकि बेर २० लाख देवेके नगरपरिसद से निर्णय कईल गईल उपमेयर चौधरी जनकारी करावले रहनी ।
१२ वाँ जितपुर सिमरा गोल्डकप के चईत १० गते से सिमरा रंगशाला मे आयोजना होई प्रतियोगिता के आयोजक नव जनजागृति युवा क्लब शनिचर के सिमरा मे पत्रकार सम्मेलन कर के जानकारी करावले बा । १२ वां जितपुर सिमरा गोल्डकप प्रतियोगिता मे ६ ‘ए’ डिभिजन क्लब, आयोजक आ मोफसल के तीन गो कर के १० गो टोली के सहभागिता रही आयोजक क्लब के अध्यक्ष रामचन्द्र ग्याम्दाङ जानकारी करावले बानी ।
चईत १० से १९ गते तक सञ्चालन होखेवाला गोल्डकप प्रतियोगिता के विजेता के १० लाख आ दुसरा होखेवाला टोली के पाँच लाख रोपेया के पुरस्कार देवेके व्यवस्था कईल गईल आयोजक संस्था के महासचिव शम्भु ठकुरी जनकारी करावले रहनी । सर्वोत्कृष्ट खेलाडी के मोटरसाइकल देहल जाई विभिन्न विधा मे खेलाडी सब के जनही २० हजार रोपेया देहल जाई क्लब के महासचिव ठकुरी बतावले रहनी ।
प्रतियोगिता मे हर दिन के खेलाडी म्यान अफ दी म्याच होखेवाला के पाँच हजार आ स्थानिय उदयमान खेलाडी पुरस्कार १५ हजार देवेके महासचिव ठकुरी जनकारी करावले बानी । ११ वां गोल्डकप मे ७० लाख ५५ हजार एक सय खर्च भईल रहल अभि के १२ वां संकरण मे ८३ लाख १२ हजार पाँच सय खर्च लागे के अनुमान कईल गईल महासचिव ठकुरी जनकारी करावले बानी ।
मुख्य सहयोग जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका आ अउरी संघसंस्था सब के सहजोग मे गोल्डकप कईल जारहल आयोजक क्लव जानकारी करावले बा । खेल होरहल समय मे कार्यसमिति, खेलाडी अफिसियल, ग्राउन्ड म्यान, स्वयंसेवक आ पत्रकार सभे के १० लाख के खेल देखे आवेवाला दर्शक एक सय ३० जने के पाँच लाख के दुर्घटना कईल गईल विमा लुम्बिनी जनरल ईन्सुरेन्स वीरंगज शाखा के दिलिप भुजेल जनकारी करावले रहनी ।
२०६६ से सुरु भईल प्रतियोगिता मे उपाधि संकटा क्लब, त्रिभुवन आर्मी फुटबल आ मनाङ मस्र्याङदी क्लब समान २ बेर जित हासिल कईले रहे । ओईसही आयोजक सिमरा, थ्रीस्टार, विजय युथ क्लब हेटौंडा, हिमालयन शेर्पा आ मजदुर शहिद स्मृति क्लब समान एक बेर जित हासिल कईले रहे ।
क्लब के अध्यक्ष ग्यामदाङ के अध्यक्षता मे सम्पन्न भईल पत्रकार सम्मेलन मे उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर १ के वार्ड अध्यक्ष हिराबहादुर गुरूङ, क्लब के उपाध्यक्ष शंकर थापा, पूर्व अध्यक्ष कासीम मियाँ, राजकुमार भट्टराई लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






