कालिकामाई मे गैर कानुनी तरिका से सहायक कम्प्यूटर अपरेटरलोग के नियुक्ति

वीरगंज ०९ फागुन

पर्सा जिल्ला के कालिकामाई गाँवपालिका मे गैर कानुनी तरिका से सहायक कम्प्यूटर अपरेटरलोग के नियुक्ति भईल मिलल बा । गाँवपालिका के प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत जयचन्द्र साह गैर कानुनी तरिका से दरबन्दी बिना के ५ जने सहायक कम्प्युटर अपरेटरसब नियुक्त कईले बाडन ।

उ जनप्रतिनिधिलोग के मिलीभगत मे गाँवपालिका मे एक जने सहायक कम्प्युटर अपरेटर के दरबन्दी रहला पर भी निति नियम के धजिया उडावत ५ जने सहायक कम्प्युटर अपरेटर के न्युक्ति कईले बाडन ।

स्थानिय तह के निर्वाचन घोषणा के बाद पईसा खाके भागबान्डा के आधार मे नियुक्त भईल कम्प्युटर अपरेटरसब के तलब गाँवपालिका के राजश्व बाँडफाड रकम से खियावे के योजना रहल बा । जउन निति, नियम आ ऐन कानुनी ना मिलेके जानकारलोग बतवले बाडन ।

गाँवपालिका फागुन २ गते कारार मे ना.प्र.स (कृषी) २ जने, सहायक कम्प्यूटर अपरेटर ५ जने, अ.न.मी. २ जने आ ल्याब असिटेन्ट २ जने नियुक्त कईले बा ।

योग्यता के आधार मे नियुक्त करेके जगहा मे कर्मचारी भागबन्डा के आधार मे नियुक्त भईला के बाद योग्य आ दक्ष उम्मेदवारलोग दुःखीत भईल बाडन ।

गाँवपालिका करार मे अनेकन पद मे एक दर्जन कर्मचारी न्युक्ति के खातिर अगहन ६ गते हि दरखास्त आवहान कईला पर भी भागबन्डा मिले ना सकला के बाद ३ महिना के बाद मात्र फागुन २ गते कागजी परिक्रिया पुगाके न्युक्ति कईले रहे ।

कर्मचारी भर्ना समिति के संयोजक भी रहल प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत साह जनप्रतिधिलोग के चुनावी अभियान मे सहजोग करेके उद्देश्य से नियम विपरित कर्मचारी न्युक्ति कईला के बाद उनकर चौतर्फी आलोचना भी भईल रहे । न्युक्त भईल कर्मचारीलोग मेसे कम्प्युटर अपरेटर के गाँवपालिका मे दरबन्दी हि ना रहल मिलला के बाद स्थानियलोग आदालत जाएके तईयारी कईले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।