महाशिवरात्रि के अवसर मे ब्रह्रमाकुमारी राजयोग सेवा केन्द्र पर्सा अनेकन कार्जक्रम करी

वीरगंज १२ फागुन

ब्रह्रमाकुमारी राजयोग सेवा केन्द्र पर्सा महाशिवरात्रि के अवसर मे ८६ वाँ त्रिमुर्ती शिवजयन्ती महोत्सव मनावेके तईयारी कईल जनवले बा ।

ब्रह्रमाकुमारी राजयोग सेवा केन्द्र पर्सा के कार्यालय मे आजु पत्रकार सम्मेलन के आयोजना करके सेवा केन्द्र के क्षेत्रीय संचालिका रबिना दिदी शिव प्रमात्मा के ज्ञान देके सभी के लाभ होखेके काम करेके शिवबाबा रहल बतवनी । उ हमनी सन्यासी होखीं माकिर जंगल मे रहेके ना समाज मे भईल बिकृति विसंगतिसब के समाधान करेके ओरी उन्मुक्ति देवेके काम करत आ रहल रबिना दिदी बतवले रहनी ।

हरेक बरीस ब्रह्रमाकुमारी राजयोग सेवा केन्द्र महाशिवरात्रि के अवसर मे अईसन कार्जक्रम करत आरहला मे ई बरीस भी फागुन १४ गते से चईत ८ गते तक अनेकन कार्जक्रम करके भब्य रुप मे मनावेके तईयारी कईल रबिना दिदी पत्रकार सम्मेलन मे बतवनी ।

आवेवाला फागुन १४ गते से खुल्ला रक्तदान, निशुल्क आँखा शिविर आ प्रवचन एवम् झन्डोतोलन लगायत मधेस प्रदेश भितर के जिल्लासब आ पडोसी देश भारत के अनेकन जिल्लासब मे ई कार्जक्रम आयोजना करे लागल बतवनी ।

पत्रकार सम्मेलन मे नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के उपाध्यक्ष युवराज खड्का, प्रेस सेन्टर नेपाल के केन्द्रीय सदस्य जगत राई, रेडियो बीरगंज एवम् टि.भी. बीरगंज के कार्यकारी अध्यक्ष ध्रुब साह, ब्रह्रमाकुमार गुणराज भाइ, गोकुल भाइ, बेलीदिदि,जितेन्द्र भाइ, गोर्बन भाइ लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।