वीरगंज मे चईत २ गते से जनानी गोल्डकप फुटबल प्रतियोगिता होखी

वीरगंज १३ फागुन
वीरगंज मे जनानी गोल्डकप फुटबल प्रतियोगिता होखेके जनावल गईल बा । वीरगंज युथ एकेडेमी के आयोजना मे चईत २ गते से प्रतियोता होखेके जनावल गईल बा ।
नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा मे आजु पत्रकार सम्मेलन करत आयोजक प्रतियोगिता मे नेपाल आ भारत के ८ गो टिम सहभागि होखेके जनावल गईल बा । क्लब के सचिव ऋतु शाक्य के मुताविक नेपाल के मधेस प्रदेश के पाँच, बागमती प्रदेश के एक आ भारत बिहार के दु टिम सहभागी होखिहें ।
वीरगंज मे पहिलका बेर जनानी गोल्डकप फुटबल प्रतियोगिता होखे लागल सचिव शाक्य बतवनी ।
कोरोना संक्रमण के चलते लम्हर समय रुकल खेलकुद के चलायमान बनावे खातिर प्रतियोगिता आयोजना कईल सचिव शाक्य बतवनी । पुरुष मात्र ना होके जनानी फुटबल खेलाडी उत्पादन करेके उद्देश्य से प्रतियोगिता सञ्चालन करे लागल उ बतवनी ।
सात दिन तक चलेवाला प्रतियोगिता के विजेता नगद रु ३० हजार, प्रमाणपत्र आ ट्रफी तथा उपविजेता नगद रु १५ हजार, प्रमाणपत्र आ ट्रफी मिलेके आयोजक जनवले बा । नारायणी रंगशाला भा आदर्शनगर रंगशाला मे होखेवाला प्रतियोगिता मे प्रबेश शुल्क भी राखेके आयोजक जनवले बा । आयोजक के मुताविक प्रतियोगता मे अनुमानित १६ लाख जेतना खर्च होखी ।
पत्रकार सम्मेलन मे राष्ट्रिय खेलकुद परिषद के सदस्य मानदेव हजारा, नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के कार्य समिति सदस्य नरेश सर्राफ, अन्तराष्ट्रिय फुटबल खेलाडी ललिता थापा, पर्सा जिल्ला खेलकुद विकास समिति के पूर्व उपाध्यक्ष दिपक तिवारी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






