वीरगंज महानगर के कांग्रेस सभापति मे त्रिपक्षीय प्रतिस्पर्धा

वीरगंज १३ फागुन
मधेश प्रदेश के एक मात्र महानगर वीरगंज महानगरपालिका के कांग्रेस नगरसभापति के खातिर त्रिपक्षीय भिडन्त होखेके जनावल गईल बा । जारी कांग्रेस वीरगंज महानगर अधिवेशन मे नगरसभापति के खातिर राधेश्याम चौरसिया, दिपेन्द्र चौहान आ मणिन्द्रलाल नेपाली करके ३ जने के उम्मेदवारी परल बा ।
चौरसीया, नेपाल तरुण दल के पूर्व केन्द्रीय सदस्य, चौहान नेपाल पत्रकार महासंघ के केन्द्रीय सचिव आ नेपाली, नेविसंघ पर्सा के पूर्वसभापति हउवन । चौरसिया आ नेपाली आपन आपन प्यानल बनाके उम्मेदवारी देहले बाडन आ चौहान अकेले सभापति मे उम्मेदवारी देहले बाडन ।
चाौरसिया, संस्थापन पक्ष के कांग्रेस केन्द्रीय सदस्य रमेश रिजाल आ अजय चौरसिया निकट बाडन । सभापति के दोसर उम्मेदवार नेपाली संस्थापन इतर पक्ष के जिल्ला सभापति अजय द्धिवेदी आ पूर्व जिल्ला सभापति राजेन्द्र बहादुर अमात्य निकट के हउवन ।
चौरसिया के प्यानल से दु पद के उपसभापति मे विजय सिंह आ सरजुग महत्तो, दु पद के सचिव मे धिरज गुप्ता आ श्यामकुमार प्रसाद कुर्मी तथा दु सहसचिव मे दिपककुमार साह आ सज्जाद हुसेन के उम्मेदवारी परल बा ।
एहितरे नेपाली के प्यानल से उपसभापति मे सन्तोष गुप्ता आ वीर भुषण पटेल, सचिव मे सन्जय श्रीवास्तव आ शीवचन्द्र प्रसाद यादव तथा सहसचिव मे जइन्द्र पटेल आ शम्शाद अली के उम्मेदवारी परल बा । मतदान, वीरगंज के आदर्शनगरस्थित बालमन्दिर परिसर मे शनिचर के सबेरे ९ बजे से सुरु होखी ।
कांग्रेस वीरगंज महानगर के अधिवेशन मे ५ सय २६ जने मतदाता रहल कांग्रेस के क्षेत्रीय सभापति महम्मद शाहबुद्धिन जानकारी देहनी ।






