संसद से एमसीसी सम्झौता अनुमोदन

काठमाण्डु १५ फागुन
संसद कउनो भी सैन्य गठबन्धन मे आवद्ध ना होखेके घोषणा सँगे अमेरिकी सहजोग परियोजना मिलेनियम च्यालेन्ज कम्प्याक्ट (एमसीसी) अनुमोदन कईले बा ।
एतवार के दिने बईठल प्रतिनिधिसभा के दुसरका बईठक मे अर्थमन्त्री जनार्दन शर्मा एमसीसी सम्झौता के बारे मे उठल सवालसब के समेट के १२ बुँदे व्याख्यात्मक घोषणा प्रस्ताव कईले रहलन, जउना के संसद एमसीसी सँगे अनुमोदन कईले बा ।
८ कुवार मे टेबल भईल एमसीसी उपर एतवार के दिने पहिलका बईठक मे सैद्धान्तिक छलफल भईल रहे । सत्तारूढ कांग्रेस आ लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी के सांसदलोग समर्थन कईलन । माओवादी केन्द्र, एकीकृत समाजवादी आ जनता समाजवादी पार्टी के सांसदलोग विभाजित भईलन । बहुते से व्याख्यात्मक घोषणा करके पास करेके बतईला पर विरोध करेवाला राष्ट्रिय हित मे ना भईल बतवले रहलन ।
प्रमुख प्रतिपक्ष नेकपा एमाले के सांसदलोग प्रकिया मे भाग ना लेहलन । २३ भादो से संसद मे नाराबाजी करत आईल एमाले के सांसदलोग दुनु वईठक मे वेल मे नाराबाजी कईलन । १४ सांसद के कारबाही कईल सूचना ना साटल कहत नाराबाजी कईल उलोग एमसीसी के समर्थन भा विरोध ना कईलन । एमाले सांसद भीम रावल छलफल मे भाग मात्र ना लेहलन, एमसीसी के विरोध कईलन ।
छलफल मे उठल सवाल के जवाफ देत अर्थमन्त्री शर्मा व्याख्यात्मक घोषणा के प्रस्ताव लियावे के बतवनी । संसद बईठक स्थगित भईला के बाद बानेश्वर मे मन्त्रिपरिषद बईठक बईठल, व्याख्यात्मक घोषणा के प्रस्ताव पास कईलख । संसद के दुसरका बईठक मे अर्थमन्त्री शर्मा व्याख्यात्मक घोषणा के प्रस्ताव लिअईलन ।
नेपाल से कईल १२ बुँदे घोषणा
व्याख्यात्मक घोषणा मे मिलेनियम च्यालेन्ज कम्प्याक्ट के पक्ष भईला के चलते नेपाल, अमेरिका के हिन्द प्रशान्त रणनीति लगायत के कउनो भी सामरिक, सैन्य भा सुरक्षा गठबन्धन मे आवद्ध भईल ना मानल जाई कहके घोषणा कईल बा ।
नेपाल के संविधान, कम्प्याक्ट आ कम्प्याक्ट सँगे सम्बन्धित आउर सम्झौतासब से उपर रहल, एमसीसी अनुदान के प्रयोग बाहेक आउर कउनो भी उद्देश्य के खातिर अमेरिकी कानून भा नीतिसब के पालना करे खातिर नेपाल बाध्य ना होखेके, एमसीए–नेपाल के सभी क्रियाकलाप तथा कोष के लेखा परीक्षण महालेखा परीक्षक से करेके आ बौद्धिक सम्पत्तिसब नेपाल के स्वामित्व रहेके घोषणा कईल बा ।
व्याख्यात्मक घोषणा मे एमसीसी के क्रियाकलाप÷कार्जक्रम सञ्चालन कईला पर नेपाल के कानून भा नीति उल्लङ्घन भईला मे ३० दिन के पूर्व लिखित पूर्वसूचना देके कम्प्याक्ट अन्त्य करे मिलेके अधिकार रहेके भी उल्लेख बा ।
व्याख्यात्मक घोषणा आ एमसीसी उपर भईल छलफल मे माओवादी केन्द्र के गिरिराजमणि पोखरेल, एमाले के भीम रावल, नेमकिपा के प्रेम सुवाल आ राष्ट्रिय जनमोर्चा के दुर्गा पौडेल विरोध कईनी । दोसर लोग एमसीसी अनुमोदन के पक्ष मे मत जाहेर कईलन ।
छलफल के बाद सभामुख अग्निप्रसाद सापकोटा व्याख्यात्मक घोषणा आ एमसीसी निर्णयार्थ प्रस्तुत कईलन, जउना के ध्वनी मत से बहुमत के साथ अनुमोदन कईले बा ।
एमाले के भीम रावल, नेमकिपा के प्रेम सुवाल आ राष्ट्रिय जनमोर्चा के दुर्गा पौडेल मात्र विपक्ष मे मत लेहले रहलन ।





