सिमरा मालपोत के ३ गो पालिका के कामकाज कलैया मे होखी

प्रभु यादव

बारा १९ फागुन

नेपाल सरकार के मन्त्रीपरिसद के निर्णय अनुसार बारा के साबिक गाबिस बुनियाद, रामपुर टोक्नी, लिपनिमाल के सिमरा मालपोत कार्यलय से कलैया मालपोत मे काम काज करेला कईले बा ।

मन्त्रीपरिसद के मिति २०७८÷१०÷१७ के निर्णय से सिमरा मालपोत कार्यलय के च.नं. ३९८५ मिति २०७८÷११÷१८ के पत्र से साबिक गाबिस बुनियाद रामपुर टिकनी आ लिपनिमाल कलैया मालपोत कार्यालय मे कामकाज करेला भईल बा । सिमरा मालपोत मे सेवा ग्राहि के असहज होरहल कारण से सेवाग्रही के सहज के खातिर कलैया मालपोत कार्यलय मे तीनु गाबिस के कामकाज लियावल गईल मालपोत कार्यलय बारा जानकारी करावले बा ।

सिमरा मालपोत कार्यालय से कलैया मालपोत कार्यलय मे मोठ, श्रेस्ता फाइल, चफा, रोक्का डायरी बुझ के लियावे गईल कर्मचारी सागर कुमार साह, देवन तिमिल्सिना, दिनेश यादव, रोहित श्रीवासतव नेपाल लेखापढि कानुन ब्यवसायी एसोसिएसन बारा कलैया के कार्य समिति स्वागत कईले रहल ।

फागुन २२ गते एतवार से बुनियाद, रामपुर टोकनी आ लिपनीमाल के रोकका, फुकुवा, रजिस्टेस्न, नामसारी, दाखा, मोहि कट्टा के काम काज सेवाग्राही के कलैया मालपोत कार्यलाय मे सेवा देवेके काम कईल जाई भुमी सुधार तथा मालपोत कार्यलय बारा जनकारी करावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।