नेपाली काँग्रेस बारा के १४ वां जिल्ला अधिवेशन मे तीन पायनल के उम्मेदवारी

प्रभु यादव

बारा १९ फागुन

नेपाली काँग्रेस पार्टी बारा के १४ वां जिल्ला अधिवेशन मे तीन पायनल आपन आपन उम्मेदवारी दर्ता करवले बाडन ।

सात पदधिकारी, ७३ सदस्य पद खातिर दु सय ३२ जने उम्मेदवारी दर्ता करावले बाडन । वियफे के करावल गईल उम्मेदवारी दर्ता मे अध्यक्ष पद खातिर पहिले से चर्चा करत आईल शम्भु बहादुर बुढाथोकी, रामानन्द यादव आ राजेश राय यादव उम्मेदवारी दर्ता करावल निमित्त निर्वाचन अधिकृत राज कुमार उप्रेती जनकारी करावले बानी ।

उपाध्यक्ष पद मे दु सिट खातिर छव जने मे बुढाथोकी के पायनल मे देवेन्द्र उपाधयाय आ अमिरीलाल राउत, रामानन्द यादव के पायनल मे मनोज कुमार भट्ट, पेमासिद्धि लामा आ राजेश राय यादव के पायनल मे अजय कुमार साह तेली आ यमुना प्रसाद कानु मनोयन दर्ता करावले बानी । सचिव दु पद खातिर छव जने मे बुढाथोकी के पायनल मे भैयाराम प्रसाद यादव आ राजेन्द्र कुमार जयसवाल, रामानन्द के पायनल से विजय प्रकाश रौनियार आ राजेश कुमार रौनियार, राजेश के पायनल से रामेश्वर प्रसाद यादव आ अब्दुल हकिम अंसारी मनोयन दर्ता करावले बानी ।

सह–सचिव के दु पद खातिर बुढाथोकी के पायनल से प्रमोद प्रसाद यादव आ कृष्णदेव प्रसाद जयसवाल, रामानन्द के पायनल से राजेश कुमार सिंह भुमिहार आ शोभिलाल प्रसाद मंडल, राय के पानयल से नारायण प्रसाद अधिकारी आ श्रवण चौधरी मनोयन दर्ता करावले बानी । बुढाथोकी आ राजेश राय यादव देउवा पक्ष से रामानन्द यादव शेखर कोईराला के पक्ष से उमेदवारी दर्ता करावले बानी ।

शुक के दिन अन्तिम नमवाली प्रकाशित कर के शनिचर के चुनाव करे के निर्वाचन अधिकृत जनकारी करावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।