नेपाली काँग्रेस बारा आ सप्तरी मे १४ वाँ महाधिवेशन के चुनाव स्थगित, बारा मे गिरल मतपत्र जरावल गईल

प्रभु यादव
बारा २१ फागुन
नेपाली काँग्रेस बारा के १४ वाँ जिल्ला महाधिवेशन मे विवाद सुरू भईला से चुनाव के सभी प्रक्रिया स्थगित भईल बा ।
बारा कलैया मे सिद्धेश्व संस्कृत माध्यमिक विद्यालय मे होरहल चुनाव मे सँझिया के ६ः३० बजे विवाद सुरु भईला से चुनाव रद्द कईल गईल प्रमुख निर्वाचन अधिकृत राजकुमार उप्रेती जनकारी करावले बानी । बारा मे सदस्यता विवाद के लेके भईल विवाद वडा समिति, पालिका समिति, क्षेत्रिय समिति के चुनाव करावत समय मे कठिन परिस्थिति से भईल रहल निर्वाचन अधिकृत उप्रेती जनकारी करावले बानी ।
निर्वाचन समिति के मतदान करावेला कम समय मिलला से प्रविधिक व्यवस्थापन ना भईला के कारण आन्त्रीक कमि के चलते निर्वाचन सम्पन्न ना होखे सकल उप्रेती जनकारी करावले बानी । मतदान चलत समय मे अनियमितता आ अमर्यादित भईला से निर्वाचन के सभे काम दुसर सुचना ना होई तब तकले तक सुचना कर के मतदान काम स्थगित कर के गिरल भोट रद्द कर के जलावल गईल अधिकृत उप्रेती बतावले बानी ।
बारा मे कुल मतदाता दु हजार चार सय ८१ रहल जवना मे से करिब एक हजार छव सय के हराहारी मे भोट गिरल रहल रहे अधिकृत उप्रेती जनकारी करावले बानी । चुनाव के काम तालिका सम्भत विहान बईठक बईठ के मिति तय कईल जाई उप्रेती जनकारी करावले बानी ।
जभी भी चुनाव मतदाता सभे दिन भर मेही मतदान कर सके ओईसन समय मिलला पर सम्पन्न होई निर्वाचन अधिकृत उप्रेती जनकारी करावले बानी । निर्वाचन मे जिल्ला सभापति पद के लेल नेपाली काँग्रेस के देउवा पक्ष से शम्भु बुढाथोकी आ राजेश राय कोईराला पक्ष से रामानन्द यादव प्रतिस्पर्धा कर रहल बानी ।
सप्तरी ÷ नेपाली कांग्रेस सप्तरी जिल्ला समिति के शनिचर के दिने हो रहल निर्वाचन मे विवाद भईला के बाद मतदान स्थगित भईल बा ।
रूपनी गाँवपालिकास्थित औद्योगिक क्षेत्र मे हो रहल निर्वाचन मे विवाद बढत गईला पर मारामारी के स्थिति अईला के बाद मतदान स्थगित कईल बा । करिब ६ सय मत गिरला के बाद विवाद भईल रहे ।
संस्थापन पक्ष के कार्यकर्ता नक्कली मतदाता पठाके मत गिरावल कहत संस्थापन इतर समूह मतदान मे रोक लगावेके कहला के बाद विवाद भईल बा । विवाद के समय मे कुछ मतपत्र फारल बा ।
विवाद के समय मे दु सय मतपत्र लुटाईल निर्वाचन समिति जनवले बा । प्रतिनिधि सभा सदस्य भी रहल संस्थापन इतर के नेता तेजुलाल चौधरी संस्थापन पक्ष से नक्कली मतदाता के भोट गिरावे लगाके धाँधली करेके खोजल बतवनी । उ आदमी भोग गिरवलन, जेतना गिरईला पर भी होखी कहके स्थिति देखल गईल उ बतवनी ।
केन्द्रीय सदस्य भी रहल संस्थापन पक्ष के नेता दिनेश यादव खुल्ला जगहा मे निर्वाचन कईला पर अईसन समस्या देखल गईल बतवनी । उ खुदसब उपर लगावल आरोप निराधार रहल दावी कईनी ।
‘निर्वाचन हि अव्यवस्थित भईल’ कहत यादव, ‘अव्यवस्थित के चलते अईसन अवस्था आईल बा ।’ सप्तरी कांग्रेस मे २५ सय ६८ मतदाता बाडन । स्थगित भईल निर्वाचन कहिया करेके सन्दर्भ मे छलफल हो रहल निर्वाचन समिति जनवले बा ।





