वार्ड के कामकाज छोड के अधिकृत के सरुवा मे कालिकामाई के कुछ वार्ड अध्यक्षलोग व्यस्त

वीरगंज २२ फागुन

पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका के कुछ वार्ड अध्यक्षलोग वार्ड के कामकाज छोड के प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत के सरुवा करावे मे व्यस्त देखल गईल बा ।

गाँवपालिका मे १४ महिना से कार्यरत रहल प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत जयचन्द्र साह के संघिय मामिला तथा समान्य प्रशासन मन्त्रालय सरुवा करके अमित कुमार गिरी के पठईला के बाद एक जने शाखा प्रमुख आ कुछ वार्ड अध्यक्षलोग वार्ड के कामकाज छोड के काठमाण्डु पुगल बाडन ।

वार्ड अध्यक्षलोग ५ दिन से वार्ड कार्यालय मे ना रहला से वार्ड से प्रवाह होखेवाला सेवासब प्रभावित भईल सेवाग्राहीलोग बतवले बाडन ।

गाँवपालिका मे नयाँ प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत गिरी आईल दिन गाँव कार्यपालिका कार्यालय के दर्ता, चलानी आ हाजरी रजिस्टर लुकाके एक कर्मचारी सहित के कुछ जनप्रतिनिधि काठमाण्डु पुगल बाडन ।

प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत गिरी आईल दिन गाँवपालिका के दर्ता, चलानी रजिष्टर आ हाजरी रिष्टर लुकाके सरुवा करावे खातिर काठमाण्डु पुगल वार्ड अध्यक्षलोग के नियत उपर गाँववासी आशंका करे लागल बाडन । ई वार्ड अध्यक्षलोग के मिलीभगत मे निति, नियम विपरित काम करत आईल प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत साह के फेनु गाँवपालिका मे लियावे खातिर अनेकन किसिम के प्रयास कईला पर भी एतवार तक सफल होखे नईखन सकल ।

गाँवपालिका मे नयाँ प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत गिरी अईला के बाद वितल समय मे भईल भ्रष्टाचार के भण्डाफोर होखेके डर से कुछ वार्ड अध्यक्षलोग डराईल बुझल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।