श्रवण साह के अध्यक्षता मे कानु युवा समाज नेपाल गठन

वीरगंज २३ फागुन

पर्सा के वीरगंज श्रीपुर स्थित कुमुदीनि एकेडेमी मे एक कार्जक्रम के बीच कानु युवा समाज नेपाल तदर्थ समिति गठन भईल बा ।

अकलेस कुमार साह के अध्यक्षता मे भईल भेला से कानु युवा समाज नेपाल तदर्थ समिति गठन भईल बा । कानु समाज उत्थान के उद्देश्य के खातिर ई कानु युवा समाज नेपाल नामक समिति गठन कईल जनावल गईल बा ।

बिहान के दिन मे कउनो किसिम के स्वाजातीय उपर समस्या अईला पर ई समाज सहजोग करेके आ आवेवाला दिन मे ई समिति अनेकन किििसम के समाज उत्थान के खातिर क्रियाकलाप करेके जईसे शिक्षा, स्वास्थ्य जईसन समाजिक कामसब मे उत्तरदायी भुमिका निर्वाह करेके आ ई समाज नेपाल भर रहल कानु समाज के युवालोग के संगठित करके अगाडि बढेके अकलेस कुमार साह बतवनी ।

भेला से कानु युवा समाज नेपाल के तदर्थ समिती के अध्यक्ष मे श्रवण प्रसाद साह के चयन कईल गईल बा । जेकर उपाध्यक्ष मे अकलेस कुमार साह, सचिव मे मानिकचन साह, सह–सचिव मे राजेश कुमार गुप्ता, कोषाध्यक्ष अनिल कुमार गुप्ता, सदस्य श्रवण प्रसाद कानु, राजन साह कानु, साजन कुमार गुप्ता, धनराज गुप्ता लगायत ११ सदस्यीय तदर्थ समिति चयन कईल समाज के सचिव मानिकचन साह बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।