जनता समाजवादी पार्टी के राष्ट्रिय अध्यक्ष यादव के कलैया मे स्वागत

प्रभु यादव
बारा २४ फागुन
बारा के कलैया मे जनता समाजवादी पार्टी के राष्ट्रिय अध्यक्ष उपेन्द्र यादव के भव्य स्वागत भईल बा ।
मगर के सझिया कलैया मे पुगल यादव के नेता कर्याकर्ता सब फुलमाला लगा के भव्य स्वागत कईले बा । बुध के दिन पचरौता नगरपालिका के बेलदारी मे १५ शैया के अस्पताल बनेवाला भवन के शिलान्यास करेला यादव बारा मे आईल जनकारी पार्टी करावले बा ।
स्थानिय चुनाव नजिक आरहल जवना मे जसपा के अगाडि के तईयारी करेला जिल्ला के नेता कर्याकर्ता लोग से भेटघाट करेला यादव आईल बानी पार्टी जनकारी करावले बा । अध्यक्ष यादव बारा मे करिब पाँच दिन तक समय देके नेता कर्याकर्ता लोग के पार्टी के अगाडि के काम काज के सम्बन्ध मे छलफल करेवाला बानी जनकारी आईल बा । यादव के स्वागत कार्जक्रम मे जसपा के मधेश प्रदेश अध्यक्ष रामबाबु यादव, विधायक पारस साह, नेता रामकिशोर यादव, शिवनाथ पटेल लगायत के नेता कार्यकर्ता लोग के सहभागीता रहल रहे ।





