बारा मे हातीपाईले के दवाई फागुन २८ गते से खियावल जाई

प्रभु यादव

बारा २४ फागुन

बारा मे हातीपाईले विमारी के दवाई नवा बेर फागुन २८ गते से खियावल जाई । जनस्वास्थ्य कार्यालय बारा कलैया के आयोजना मे पत्रकार सभे के संगे बतकही कार्जक्रम कर के जनकारी करावले बा ।

कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी नेपाल पत्रकार महासंघ बारा शाखा के पूर्व अध्यक्ष लक्ष्मी साह मधेश प्रदेश के आठ जिल्ला मध्ये बारा मे मातरे हातीपाईले के दवाई खियावल जारहल बा बाकी जिल्ला मे हातीपाईले मुक्त होसकला से जोखिम रहल जनकारी करावले बानी । हातीपाईले विमारी काहे ना हटरहल बा ओकरा के मुलजर पता लगावेके परल आ स्वास्थ्य सरसफाइ काहे नाहोसकल दोषी सरकारी कार्यालय रहल प्रमुख अतिथि साह जनकारी करावले बानी ।

जनस्वास्थ्य कार्यालय बारा के प्रमुख रामनरेश यादव हातीपाईले विमारी के हटावेला दवाई स्थानिय सरकार के देहल जाई स्वास्थ्य चौकी के कर्मचारी सब आपन आपन ठाव मे आपना निगरानी मे खियावे के परी जनकारी करावले बानी । नेपाल के १० गो जिल्ला सगे बारा मे सात लाख ८३ हजार तीन सय पाँच जने के दवाई खियावल जाये के लक्षय रहल प्रमुख यादव जनकारी करावले रहनी । बारा मे एक हजार एक सय ३२ हातीपाईले के विमार लोग रहल यादव जनकारी करावले बानी ।

फागुन २८ गते स्वास्थ्य केन्द्र मे आ १३ दिन घर घर मे पुग के दवाई खियावल जाई प्रमुख यादव जनकारी करावले बानी । जनस्वास्थ्य कार्यालय के असफाक मिसरानी हातिपाईले विमारी के सम्बन्ध मे जनकारी करावत नेपाल के ६१ जिल्ला मे दवाई सन २००७ साल से खियावत विमारी मुक्त के मापदण्ड पूरा कर के १० गो अभि भि विमारी से जोखिम मे रहल जनकारी करावले बानी । दवाई खियावला वाद छव महिना वाद विमारी के अवस्था जनकारी लेवेवाला प्राविधिक से पुष्टि भईला वाद विमारी मुक्त भईल पास होखी जनकारी करावले बानी ।

हातीपाईले विमारी के फलेरिया परजीवी क्युलेस जात के जनानी मछर एक जने मे से दुसर लोग मे पुगावेला मिसरानी जनकारी करावले बानी । दवाई दु बरीस से निचा के लईकालईकी, गर्भावती जनानी, सात दिन तक के भितर मे लईकालईकी जन्म देहल जनानी, अधिक कमजोर विमार लोग, बहुते दिन तक के विमार लोग के ना खियावल जाई बाकी सभे लोग के खियावल जाई मरसानी जनकारी करावले बानी ।

दु किसिम के अल्वेन्डाजोल आ डि.ई.सि. दवाई उमिर के अनुसार खियावल जाएके मरसानी जनकारी करावले बानी । कार्जक्रम के अध्यक्ष मधेश प्रदेश स्वास्थ्य निर्देशनालय के निर्देशक बिजय कुमार झा हातीपाईले विमारी के दवाई पुडिया मे बाटल गईल जवना के कारण सभे लोग खाए ना सकल जवना के कारण विमारी मुक्त ना होखे सकल बा अवकी बार पुडिया मे ना आपन अगाडि खियावे के परल जवना मे सभे के सहजोग रहे के परल बतावले बानी ।

दवाई खियावल ८० प्रतिशत प्रतिवेदन कागज मे देखल गईल बा माकिर समुदाय मे पुडिया मे दवाई बटला से लक्ष्य पूरा ना भईल निर्देशक झा जनकारी करावले बानी । दवाई खियावल जारहल बा माकिर मापदण्ड परिक्षण कईला पर फेल होरहल बा सभे के चिन्ता के विषय बनल बा अबकिर बार सभे सचेत होकर के दवाई खाये के परि निर्देशक झा निहोरा कईले बानी । दवाई खाईला पर आदमी सभे मे नकारात्मक असर होखेला गलत प्रचार ना कर देवेके निर्देशक झा निहोरा कईले बानी । कार्जक्रम मे प्रदेशिक अस्पताल कलैया के प्रमुख डाक्टर गौरव महतो, जनस्वास्थ्य कार्यालय के कर्मचारी सब आ पत्रकार सब के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।