एक लाख म्यादी पुलीस के खातिर भर्ना खुलल

काठमाण्डु १ चईत

नेपाल पुलीस एक लाख म्यादी पुलीक के खातिर भर्ना खुलल बा । चईत ६ से ११ गते तक दर्खास्त देवेके कहत प्रहरी प्रधान कार्यालय, नक्साल सूचना जारी कईले बा ।

दर्खास्त फारम सभी जिल्ला प्रहरी कार्यालय मे मिलेके कहल गईल बा । म्यादी प्रहरी मे १८ बरीस पूरा होके ५४ बरीस ना बितल आदमी दर्खास्त देवे मिली ।

म्यादी पुलीस के भर्ना होखे खातिर नेपाली नागरिक होखेके, फौजदारी अभियोग लागल ना होखेके, कउनो राजनीतिक दल के सदस्य ना होखेके, शारीरिक आ मानसिकरुप से तन्दुरुस्त होखेके लगायत के मापदण्ड राखल गईल बा ।

म्यादी प्रहरी भर्ना के खातिर नेपाली सेना, नेपाल प्रहरी आ सशस्त्र प्रहरी बल के पूर्वसुरक्षाकर्मी के प्राथमिकता देवेके सूचना मे कहल गईल बा ।

२०७८ सावन १ गते से आवेदन देके शारीरिक तन्दुरुस्ती आ स्वास्थ्य परीक्षण मे उत्तीर्ण भईललोग के भी प्राथमिकता मिली । नेपाल बाहर के सुरक्षा निकाय मे काम कईल आ वितल समय के निर्वाचन मे म्यादी प्रहरी के रुप मे काम कईला से भी प्राथमिकता मिलेके कहल गईल बा ।

म्यादी प्रहरी सम्बन्धी अन्तिम नतिजा २२ चईत मे प्रकाशित होखी आ उलोग के सेवा अवधि ४० दिन रही ।

प्रहरी प्रधान कार्यालय, नक्साल के मानव स्रोत तथा प्रशासन विभाग के मुताविक म्यादी प्रहरी के खातिर प्रहरी जवान के तलब सरह (आधारभूत तलब महिना के २२,६८० रोपेया) से ३० हजार २४० रोपेया देवेके कहल गईल बा ।

उलोग के खाद्यान्नवापत एकमुष्ठ ७ हजार २०० रोपेया आ पोशाक आ आउर सामान खरिद के खातिर प्रतिव्यक्ति ६ हजार रोपेया के दर से आउर रकम उपलब्ध करावेके कहल गईल बा ।

निर्वाचन मे खटेवाला कर्मचारी के खातिर तईयारी रुवरुप खटावल गईल जगहा मे आवे जाएमे आउर एक हजार रोपेया उपलब्ध करावेके भी कहल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।