कानु युवा समाज नेपाल द्धारा होली मिलन कार्जक्रम

वीरगंज ०२ चईत

कानु युवा समाज नेपाल आजु होली मिलन कार्जक्रम पुरा कईले बा ।

वीरगंज स्थित टाउन हल मे एक भव्य कार्जक्रम के आयोजना करके कानु युवा समाज नेपाल होली मिलन कार्जक्रम के आयोजना कईले बा । समाज नेपाल के अध्यक्ष श्रवन प्रसाद साह के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि नागेन्द्र साह कानु रहल रहनी ।

कार्जक्रम मे शुभकामना मन्तव्य राखत संविधान सभा सदस्य प्रमोद गुप्ता असत्य उपर सत्य के जित स्वरुप मनावल जाएवाला होली पर्व से एकता के भी सन्देश देहल बतवनी । हमनी कानु जाती बहुसंख्यक बानी, माकिर एकता ना भईला से कमजोर होत गईल बतवनी । अभी के हरेक अवस्था मे एक ढिक्का होके रहेके अवस्था रहला से सभी मिलेके सुझाव देहले रहनी ।

एहितरे पुर्व मन्त्री ज्वाला साह होली के शुभकामना देत सभी जिम्मेवारी मन्त्री, सांसद के देके मात्र ना होखेके बतवनी । समय समय मे समाज के अगुवालोग ग्रास रुट मे भईल कमी कमजोरी देखला पर समस्या के निराकरण करे खातिर उत्प्रेरित होखेके साह बतवनी ।

बुद्धिजिवि समाज पर्सा के अध्यक्ष शम्भु गुप्ता हरेक तह तप्का मे जात के बात उठेवाला भईला से कानु जत भी संगठित भईल जरुरी रहल बतवनी । कानु जात एक होके हरेक समस्या के समाधान खुदे करे सकेके दावी कईनी । कार्जक्रम मे गायक सुनिल पडित, निलम शर्मा लगायत के लोग सांगितिक कार्जक्रम से सहभागी सभीलोग के मनोरञ्जन करवले रहलन । उ कार्जक्रम मे नेपाली कांग्रेस पर्सा के सभापति जनाद्र्धन सिंह क्षेत्री, नेकपा एमाले के अध्यक्ष प्रभु हजारा, कानु समाज के अगुवालोग सुरेन्द्र साह कानु, प्रभाकर गुप्ता, अकलेश साह, राजेश गुप्ता, मानिकचन साह, रमेश साह, भरत गुप्ता, विरेन्द्र साह, विमला गुप्ता, मदन गुप्ता, विजय गुप्ता, मनोज साह, लगायत बारा आ पर्सा के कानु समाज के अगुवालोग के विशेष सहभागिता रहल रहे । कार्जक्रम के सञ्चालन कानु पत्रकार संघ बारा के अध्यक्ष अजय साह कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।