जितपुर सिमरा के मेयर मे माओवादी के पौडेल आ उपमेयर मे कांग्रेस के शाही करवलें उम्मेदवारी दर्ता

बारा १२ बैशाख

बारा के जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका के नगर प्रमुख मे गठबन्धन के ओरी से नेकपा माओवादी केन्द्र के राजन पौडेल आ उपप्रमुख मे नेपाली कांग्रेस के मेघा शाही उम्मेदवारी दर्ता करवले बाडन ।

निर्वाचन अधिकृत के कार्यालय मे पुग के पौडेल आ शाही उम्मेदवारी दर्ता करवले बाडन । केन्द्रीय गठबन्धन से कईल निर्णय मुताविक नेकपा माओवादी केन्द्रल प्रमुख आ नेपाली कांग्रेस उपप्रमुख मे उम्मेदवारी देहले बाडन ।

प्रमुख पद के उम्मेदवार पौडेल के प्रस्तावक मे जयराम दाहाल आ समर्थक मे कृष्णव्रत सिंह रहल बाडन । शाही के प्रस्तावक मे राजेन्द्रकुमार शाही आ समर्थक मे हिराज कार्की हस्ताक्षर कईले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।