वीरगंज के मेयर मे १८ जने आ उपमेयर मे ४ जने के उम्मेदवारी

वीरगंज १२ बैशाख
वीरगंज महानगरपालिका के मेयर मे १८ जने उम्मेदवारी देहले बाडन । महानगर के मेयर मे सत्तागठबन्धन से जसपा के राजेशमान सिंह उम्मेदवारी देहले बाडन ।
२०७४ के निर्वाचन मे तत्कालीन राजपा से मेयर के उम्मेदवार बनल सिंह तिसरका स्थान के मत लिआईल रहलन । उ डेढ महिना पहिले मात्र लोसपा लोसपा छोड के जसपा मे प्रवेश कईले रहलन ।
सोमार के दिने जसपा के राष्ट्रिय अध्यक्ष उपेन्द्र यादव, मधेस प्रदेश के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत आ पर्सा क्षेत्र नं. १ के सांसद प्रदीप यादव के साथ मुख्य निर्वाचन अधिकृत के कार्यालय मे पुग के सिंह मेयर मे मनोनयन दर्ता करवले बाडन ।
डेढ महिना पहिले जनता समाजवादी पार्टी छोडके नेकपा एमाले प्रवेश कईल निवर्तमान मेयर विजय कुमार सरावगी भी उम्मेदवारी देहले बाडन ।
सरावगी २०७४ के निर्वाचन मे तत्कालीन संघीय समाजवादी फोरम अभी के जसपा से मेयर मे निर्वाचित भईल रहलन । माकिर पार्टी भितर से असहजोग भईल कहत सरावगी फागुन २८ गते जसपा छोडके एमाले मे प्रवेश कईले रहलन । वीरगंज महानगर मे एमाले आ लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी (लोसपा)बीच चुनावी तालमेल कईल बा ।
एहितरे राप्रपा से पत्रकार गिरिश गिरी मेयर मे उम्मेदवारी दर्ता करवले बाडन । वीरगंज के पूर्वमेयर स्वर्गीय गोपाल गिरी के बेटा गिरिश के राप्रपा मेयर के उम्मेद्वार बनवले बा ।
एहितरे महानगर के मेयर मे नेपाल सद्भावना पार्टी से विजय कुमार रौनियार, नेपाल मजदुर किसान पार्टी से गोकर्णप्रसाद कोइरी के भी उम्मेदवारी परल बा । मेयर मे स्वतन्त्र से प्रभात सिंह, जमिल राय भाठ, रिजवान अली, राजेन्द्र प्रसाद सिंह, महमद सगिर अली, फिरोज आलम, महमद रियाज उल हक, बिक्की राज पटेल, सन्जिव कुमार यादव, कैलाशप्रसाद सर्राफ, राधेश्याम साह आ राजेश सिंह भी उम्मेदवारी देहले बाडन ।
उपमेयर मे ४ जने के उम्मेदवारी
वीरगंज के उपमेयर मे २ स्वतन्त्र सहित ४ जने के उम्मेदवारी परल बा । एमाले आ लोसपा के गठबन्धन से लोसपा के जिल्ला अध्यक्ष पुरुषोत्तम झा उम्मेदवारी देहले बाडन । ई दु दलबीच भईल चुनावी तालमेल मे मेयर एमाले के आ उपमेयर लोसपा से मिलेके सहमति कईल रहे ।
महानगर के उपमेयर मे सत्तागठबन्धन के ओरी से नेपाली कांग्रेस के जिल्ला सचिव इम्तियाज आलम उम्मेदवारी देहले बाडन । सत्ता गठबन्धन के चुनावी तालमेल मे वीरगंज महानगर के मेयर जसपा के आ उपमेयर कांग्रेस के देवेके सहमति भईल रहे ।
महानगर के उपमेयर मे राप्रपा के ओरी से बीना देवी के भी उम्मेदवारी परल बा । उपमेयर मे लोसपा नेतृ रम्भा सिंह स्वतन्त्र उम्मेदवारी देहले बाडन । एमाले आ लोसपाबीच भईल चुनावी तालमेल उपर असन्तुष्टि जनावत लोसपा के नेतृ रम्भा मिश्रा स्वतन्त्र उम्मेदवारी देहले बानी ।
वीरगंज महानगर मे मेयर आ उपमेयर पद मे दलसब बीच दु अलग अलग गठबन्धन भईला पर भी वार्डसब मे दलसब बीच चुनावी तालमेल होखे ना सकल । महानगर के ३२ गो वार्ड मे वार्ड अध्यक्ष आ सदस्य पद मे हरेक दलसब अलग अलग उम्मेदवारी देहले बाडन ।




