बिन्दवासिनी मे नेपाली काङ्ग्रेस के गाँवपालिका सम्मेलन पुरा

वीरगंज १३ सावन
पर्सा के बिन्दवासिनी गाँवपालिका मे नेपाली काङ्ग्रेस गाँवपालिका सम्मेलन पुरा कईले बा ।
श्री राधाकृष्ण चौरसिया माध्यमिक विद्यालय बहुअर्वा भाठ्ठा के प्राङ्गण मे आयोजना कईल सम्मेलन के प्रमुख अतिथि युवा तथा खेलकुद मन्त्री डिगबहादुर लिम्बु बृक्षारोपन करके कार्जक्रम के उदघाटन कईले रहलन ।
कार्जक्रम के सम्बोधन करत अनेकन वक्तासब पार्टी भितर रहल गुटबन्धी, मनमुटाव के सभी नेता तथा कार्यकर्तालोग मिल के अन्त्य करेके बतवले बानी । जब तक हमनी एक ढिक्का होके हमनी अगाडि ना बढेम तबतक नेपाली काङ्ग्रेस बरियार आ प्रभावकारी ना होखी कहके बतवनी । बितल दिनसब मे भईल तिथामिठासब के भुला के सभी काग्रेसीसब एकजुट होके ईमानदारी पूर्वक अगाडि बढला पर आवेवाला चुनावसब मे जित सुनिश्चित होखेके साथे पार्टी बरियार होखी कहके बात मे जोड देहले रहनी ।
गाँव कार्य समिति के अध्यक्ष बिवेक कुमार चौरसिया के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे नेका.महिला संघ जिल्ला सह–सचिव कोपिला चौरसिया स्वागत मन्तव्य रखले रहनी ।
कार्जक्रम मे विशिष्ट अतिथि लुम्बिनी प्रदेश सभापति एवं पुर्व मन्त्री अमरसिंह पुन, पर्सा जिल्ला सभापति एवं प्रदेश सांसद जनाद्र्धन सिंह क्षेत्री, प्रदेश सांसद श्याम पटेल, अतिथिलोग अशोक गुप्ता, दिनेश चौधरी, किरण सरकार, प्रेमचन्द्र चौरसिया, अनोज चौरसिया, जयप्रकाश चौरसिया, राजेश्वर चौरसिया, सन्तोष चौरसिया, सतेन्द्र ओझा, प्रभु चौहान, रामबिलास चौरसिया, सुकदेव यादव, मुखती पटेल, शम्भु चौरसिया, दिपेन्द्र चौरसिया, उपनेश कुमार चौरसिया, मुनिलाल दास, छठु चौरसिया, पारस चौरसिया, सुधान्शु कुमार चौरसिया लगायत नेता तथा कार्यकर्तालोग के सहभागीता रहल रहे ।
कार्जक्रम के सहजीकरण नेपाली काङ्ग्रेस के गाँवपालिका सचिव मुकेश गुप्ता कईले रहलन । उ अवसर मे अनेकन प्रजाति के सयो पौधा रोपल गईल रहे ।






