बिन्दबासिनी गाँवपालिका के १३ वाँ गाँवसभा से ३१ करोड ३० लाख ३४ हजार के बजेट सार्वजनिक

वीरगंज २० सावन

पर्सा के बिन्दबासिनी गाँवपालिका १३ वाँ गाँवसभा तथा आर्थिक बरीस २०८०÷०८१ के नीति तथा कार्जक्रम से ३१ करोड ३० लाख ३४ हजार के बजेट पारित करके सार्वजनिक कईले बा ।

बिन्दबासिनी गाँवपालिका के सभाहल मे आयोजना कईल गाँवसभा मे गाँवपालिका के उपाध्यक्ष ज्योती चौरसिया नीति तथा कार्जक्रम प्रस्तुत कईले रहनी ।

गाँवपालिका अध्यक्ष प्रमोद तिवारी कार्जक्रम के अध्यक्षता करत राजनितिकर्मी के नीति लेके विकास काम करेसे भी समाजसेवी होके विकास के रास्ता मे लागल जरुरी रहल बतवनी । विकास काम मे बाधा अवरोध ना करे खातिर निहोरा करत एकता बनाके बिकास के रास्ता मे लागला पर समृद्ध गाँवपालिका बनावे सकेके अध्यक्ष तिवारी के कहनाम रहे । आवेवाला आ.व. के निति अन्तर्गत बिन्दबासिनी गाँवपालिका मे कृषि, सिचाई के विशेष प्राथमिक्ता देहल गईल बा । कृषि भईला पर शिक्षा आ स्वास्थय लगायत आउर बिकास सम्भव रहल चर्चा करत अध्यक्ष तिवारी सब से पहिले किसानलोग के खातिर कृषि पोल तार जडान के साथे कृषि मीटर निःशुल्क बितरण कार्जक्रम राखल बतवनी ।

गुणस्तरिय शिक्षा के खातिर कैयन नयाँ कार्जक्रम थप कईल बा । एक वार्ड एक माध्यमिक बिद्यालय के अवधारणा, जाती, धर्म तथा समुदाय के लईकालइकीसब के शिक्षा मे अनिवार्य पहुच, बिद्यार्थीसब के अनुपात मे शिक्षक दरबन्दी, बर्थिङ सेन्टर सञ्चालन आ कृषि मीटर के महशुल निःशुल्क करेके अध्यक्ष तिवारी बतवनी ।

एकरा साथे उन्नत पशुपालन, पशु बिमा, बाली बिमा, गोठ तथा भकारी सुधार कार्जक्रम संचालन कईला के साथे एमबिबिएस अध्ययन छात्रवृत्ति, निःशुल्क लोक सेवा तथा शिक्षक सेवा तईयारी किलास के खातिर निरन्तरता देहल गईल अध्यक्ष तिवारी बतवनी ।

आ.व. २०८०÷०८१ के खातिर नेपाल सरकार से वित्तीय हस्तान्तरण ओरी २९ करोड ३७ लाख ६४ हजार ८ सय, वित्तीय हस्तान्तरण प्रदेश सरकार ओरी ६५ लाख, आन्तरिक राजस्व आ बितल आ.व.के मौज्दात १ करोड ७० हजार, व्यय ओरी गाँवपालिका स्तरीय भौतिक पूर्वाधार योजना २ करोड ८३ लाख, वार्ड स्तरीय आयोजना ३ करोड ७५ लाख, बितल आव के दायित्व, विषयगत शाखागत बजेट, अनेकन कोषसब समेत ४ करोड ८० लाख ७० हजार, सशर्त अनुदान १२ करोड ५१ लाख, प्रशासनिक, चालु खर्चसब, तलब भत्ता समेत ७ करोड १३ लाख ६४ हजार ८ सय करके ३१ करोड ३० लाख ३४ हजार बराबर के बजेट पारित करके सार्वजनिकरण कईल बा ।

गाँवसभा कार्जक्रम मे गाँवपालिका के प्रमुख प्रसाशकिय अधिकृत राकेश ओझा, वार्ड अध्यक्षलोग अछेलाल महतो, मुक्ति राउत कुर्मी, जयप्रकाश चौरसिया, अनोज कुमार चौरसिया, मोहन यादव, कार्यपालिका सदस्य, वार्ड सदस्य लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।