मुडि मिलला दु दिन के बाद युवक के देह मिलल

सर्लाही २८ सावन
सर्लाही के हरिवन–४ स्थित लखन्देही पुल के निचे बियफे के सबेरे मुडि मिलल युवक के देह दु दिन के बाद करिब ७ किलोमिटर दुर के जंगल मे मिलल बा ।
मुडि से अलग भईल युवक के देह शनिचर के सँझिया लालबन्दी नगरपालिका–१७ स्थित कालिन्जोर जंगल मे मिलल बा ।
पूर्व–पश्चिम राजमार्ग से करिब २५ मिटर दक्षिण से युवक के लास मिलल प्रहरी उपरीक्षक नरेशराज सुवेदी जानकारी देहनी ।
उ जंगल मे मुडि ना भईल लास मिलला के बाद पोष्टमार्टम के खातिर प्रादेशिक अस्पताल मलंगवा लियावे के तइयारी हो रहल बतवनी । मुडि मिलला के बाद लास खोजे खातिर ई क्षेत्र मे पुलीस परिचालन कईल रहे ।
मुडि सहित के लास भारत के सीतामढी जिल्ला मनियारी रहेवाला २३ बरीस के गोलु कहेवाला अभिषेख राज रहल खुलल जिल्ला प्रहरी कार्यालय जनवले बा ।
गोलु सावन २० गते आपन ४ जने साथी सँगे नेपाल घुमे आ मनोरञ्जन करे आईल रहलन । गोलु सँगे आईल चार जने युवक फरार बाडन ।
उलोग के भारतीय प्रहरी के सहजोग मे खोजतलास के काम हो रहल प्रहरी उपरीक्षक सुवेदी जानकारी देहनी । प्रारम्भिक अनुसन्धान के समय मे गोलु के सँगे आईल साथीलोग हत्या करके फरार भईल पुलीस के कहनाम बा ।
एने पाँच जने भारत के ग्याङस्टारसब रहल खुलल बा । हत्या भईल युवक सहित उनका सँगे आईल चार जने उपर भारत मे हत्या लगायत के अभियोग दर्ता रहल प्रहरी उपरीक्षक सुवेदी बतवनी ।
उनका मुताविक पाँच जने भारतीय पुलीस के ’वान्टेड’ के सूची मे बाडन । हत्या भईल युवक गोलु भी कुछ दिन पहिले मात्र भारत मे एक आदमी के गोली मारके फरार के सूची मे रहल जानकारी आईल पुलीस जनवले बा । एकरा से पहिले मिलल गोलु के मुडि पोष्टमार्टम के खातिर काठमाण्डु पठावल गईल बा ।





