संघिय शिक्षा ऐन २०८० खारेजीको माग गर्दै गौरमा शिक्षकहरुद्वारा वृहद विरोध प्रदर्शन

मेवालाल यादव

रौतहट ३० सावन

संघिय शिक्षा ऐन २०८० के खारेजी के माग करत नेपाल शिक्षक महासंघ के नेतृत्व मे रौतहट के शिक्षकलोग सदरमुकाम गौर मे बिरोध प्रदर्शन करत शिक्षा विकास तथा समन्वय इकाई मे ज्ञापन पत्र बुझवले बा ।

रौतहट जिल्ला मे रहल स्थायी, अस्थायी, राहत, साविक उच्च मावि शिक्षक, विशेष शिक्षक, करार, बालविकास तथा कार्यालय कर्मचारीलोग नेपाल शिक्षक महासंघ के ब्यानर के निचे मंगर के दिने गौर नगर के परिक्रमा करत जिल्ला प्रशासन कार्यालय आ शिक्षा विकास तथा समन्वय इकाई कार्यालय गौर मे ज्ञापन पत्र बुझावत इकाई कार्यालय मे धर्ना प्रदर्शन कईले बाडन ।

बुझावल ज्ञापन पत्र मे संघियता कार्यान्वयन के बाद नेपाल सरकार आ नेपाल शिक्षक महासंघ विच अनेकन मिति मे भईल ३१ आ ५१ बुंदे सम्झौता विपरित अभी नेपाल सरकारद्वारा शिक्षा क्षेत्र के धारासायी बनावे खातिर संघिय शिक्षा ऐन २०८० लियाके देश के शिक्षा के धराप मे पारला मे आक्रोश जनावत नेपाल शिक्षक महासंघ देशभर संघर्ष मे उतरल बा ।

सरकार मन्त्रीपरिषद से पारित कईल शिक्षा ऐन के शिक्षक महासंघ से आबद्ध रहल संघसंस्थासब से छलफल करके सभी स्वीकार्य होखेवाला किसिम के संघिय शिक्षा ऐन २०८० जारी करेके तथा नेपाल शिक्षक महासंघ आ नेपाल सरकार संगे अनेकन समय मे कईल सम्झौता लागु करे खातिर इहे ज्ञापन पत्र के माध्यम से सरकार के ध्यानाकर्षण करावल ज्ञापनपत्र मे उल्लेख बा । जदी नेपाल शिक्षक महासंघ के माग के समय मे सम्बोधन ना भईला मे चरणबद्ध रुप मे संघर्ष के कार्जक्रम घोषणा करेके उ ज्ञापन पत्र मे उल्लेख कईल बा ।

प्रधानध्यापक प्रभु पटेल शिक्षा क्षेत्र के समाप्त करे खातिर ई शिक्षा ऐन अइला मे आक्रोश जनावत स्थानीय तह के शिक्षक नियुक्ति से लेके खारेजी तक के अधिकार प्रत्योजन करके शिक्षा क्षेत्र के मूल्य आ मान्यता के तहसनहस बनावल बतवनी ।

स्थानीय तह मे खरिदार सरह के कर्मचारी के निमित्त प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत बनावेके परम्परा भईल देश मे शिक्षा के सभी सर्वाधिकार स्थानीय तह के देके शिक्षा क्षेत्र के धरासायी बनाके देश के मुर्खलोग के देश बनावेके अभियान संघिय सरकार से भईला मे गम्भीर आपत्ति जनवनी ।

उ अवसर मे शिक्षक संघ के अध्यक्ष रामकृपाल यादव, संघिय शिक्षक फोरम नेपाल के कामेश्वर यादव, प्रदेशिक नेपाल शिक्षक संगठन के धर्मेन्द्र सिंह, राष्ट्रिय शिक्षक मञ्च के जयानन्द ठाकुर, नेपाल राष्ट्रिय शिक्षक संगठन के अनिल निधि, शिक्षक शिवशंकर झा लगायत के शिक्षकलोग के सहभागीता रहल शिक्षक रमेशकुमार झा बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।