धरान मे गाई काटेवाला उपर कारवाही के माग करत इटहरी मे प्रदर्शन

धरान ९ भादो
धरान मे गाई बयल काटेवाला के तत्काल पकडके कारवाही करेके माग राखके इटहरी मे हिन्दुधर्म समर्थकलोग प्रदर्शन कईले बाडन । शनिचर के दिने धरान मे करेके कहल प्रदर्शन मे स्थानीय प्रशासन निषेधाज्ञा लगाके प्रतिबन्ध कईला के बाद उलोग इटहरी मे प्रदर्शन कईले बाडन ।
नेपाल के प्रथम जगत गुरु बालसन्त के नेतृत्व मे हिन्दुधर्म समर्थकलोग गाई बयल काटेवाला के कारवाही कर, हिन्दु राष्ट्र कायम कर, सद्भाव भाडेवाला धरान के मेयर मुर्दावाद, गृहमन्त्री राजीनामा दे जईसन नारा लगावत प्रदर्शन कईले बाडन ।
जिल्ला प्रशासन कार्यालय सुनसरी काल्हु रात १२ बजे से आजु रात १२ बजे तक निशेषाज्ञा जारी कईला के बाद धरान के पुलीस चौतर्फी घेराबन्दी करके शान्ति सुरक्षा प्रदान कईले बा ।
आदिबासी जनजाती महासंघ धरान नगर समिति मंगलबारे मे गाई बयल काटके भोज कईल भिडियो सामाजिक सञ्जाल मे डालला के बाद हिन्दुधर्म समर्थकलोग आन्दोलित भईल बाडन । देशभर से धरान मे विरोध प्रदर्शन करे आ रहल प्रदर्शनकारीलोग के पुलीस बिच रास्ता मे रोकले बा । धरान, इटहरी, इनरुवा, बराहक्षेत्र लगायत से भेला भईल प्रदर्शनकारीलोग विरोध कर रहल बाडन ।
जगत गुरु बालसन्त पुलीस शान्तिपूर्ण आन्दोलन करेमे प्रतिबन्ध लगावल आरोप लगवनी । धरान मे कुछ दिन से गौमाता के हत्या कर रहला से गौमात के रक्षा करेके आ सामाजिक सद्भाव ना बिगडो कहके धरान मे शान्तिपूर्ण प्रदर्शन आयोजना कईल बतवनी । बालसन्त गाईबयल काटेवाला के तत्काल पकडके कारवाही करेके माग कईले बाडन ।
उ सरकार संविधान के रक्षा करे ना सकल भी आरोप लगवनी । धरान मे गाई काटके कानुन के खुल्ला चुनौती देहला पर भी राष्ट्रिय जनावर गाई काटेवाला के कारवाही ना कईल घटना से सरकार संविधान के रक्षा करे ना सकल बालसन्त के आरोप बा ।
प्रदर्शनकारीलोग के धरान प्रवेश मे रोक लगावत तरहरा के पानीपिया मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय सुनसरी के डिएसपी राजकुमार राई आ सशस्त्र प्रहरी बल ४ नम्बर गण के डिएसपी प्रेम सिग्देल के नेतृत्व मे ५ सय से बेसी पुलीस धरान जाएमे रोक लगवले बाडन ।
धरान मे ५ हजार से बेसी जनपद पुलीस आ सशस्त्र पुलीस परिचालन कईला के बाद धरान शान्त बनल बा । धरान मे सामाजिक सदभाव भडके ना देवे खातिर कोशी, मधेश आ बागमती प्रदेश के अनेकन जिल्ला से आउर पुलीस लियाके शान्तिसुरक्षा मजबुत कईल कोशी प्रदेश के प्रहरी प्रमुख राजेशनाथ बास्तोला बतवनी ।
गाई काटेवाला के कारवाही ना कईल कहत प्रदर्शनकारी गृहमन्त्री के राजीनामा भी माग कईले बाडन ।






