अहमदिया संघ नेपाल के गृहमंत्री द्वारा सम्मानित

वीरगंज ११ भादो
एतवार के दिन जिल्ला प्रशासन कार्यालय के नवनिर्मित भवन के उद्घाटन कार्यक्रम पूरा हो गइल. जिल्ला प्रशासन कार्यालय प्रमुख हीरालाल रेग्मी के अध्यक्षता में भईल कार्यक्रम में उपप्रधानमंत्री अवुरी गृहमंत्री नारायण काजी श्रेष्ठ मुख्य अतिथि रहले।
ओह कार्यक्रम में गृहमंत्री अहमदिया संघ नेपाल के समाज सेवा खातिर हासिम अहमद के सम्मानित कइलन आ प्रशंसा पत्र दिहल।
पिछला बीस साल से ई संस्था देश के अलग अलग क्षेत्र में समाज कल्याण खातिर तरह तरह के काम करत आइल बा. साथ ही एह नवनिर्मित भवन में फर्नीचर के व्यवस्था में भी एकर योगदान बा।
‘सबका से प्यार करीं आ केहू से नफरत मत करीं’ के नारा से ऊ संगठन देश में आइल भूकंप का दौरान यूके से स्वास्थ्यकर्मी के टीम मुफ्त में उपलब्ध करा दिहले रहुवे, आ कोविड-19 महामारी का दौरान बहुते राहत बाँट दिहले रहुवे. कोसी बैराज घटना के दौरान भी देश के अउरी सब्सिडी दिहल गईल।
पर्सा जिला में निःशुल्क स्कूल चलावल जा रहल बा।साथे पाकी में निःशुल्क होमियो औषधालय चलावल जा रहल बा।





