भोजपुरी कथा संग्रह रिक्सावाला के विमोचन

प्रभु यादव

बारा २३ भादो

भोजपुरी भाषा के कथा संग्रह रिक्सावाला के विमोचन एक कार्जक्रम कर के विमोचन कईल गईल बा ।

कथा संग्रह मे राजनिति, सामाजिक, धार्मिक, सास्कृतीक रूप मे समाज मे शोषण, दमन, विरूद्ध मे कईसे सघर्स कईल जाई १२ गो कथा रहल रिक्सावाला प्रकाशित भईल बा । सिम्रौनगढ नगरपालिका वार्ड नम्वर ८ कचोर्वा के नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी एकीकृत समाजवादी के अखिल नेपाल किसान महासंघ राष्ट्रिय समिति के सचिव आ निर्वाचन आयोग के केन्द्रीय सचिवालय सदस्य बतहु यादव के लिखल रचना सब रिक्सावाला कथा संग्रह रहल बा ।

आपन बाबुजी स्वर्गीय बाबुलाल राय यादव आ माई स्वर्गीय छठी देवी यादव के समर्पण कर के कथा संग्रह निलले बानी । कथा संग्रह मे भोजपुरी भाषा के व्याकरण सम्बन्धि सल्लाह सुझाव विद्ववान डाक्टर विकाउ गिरी आ साहित्यकार रामप्रसाद साह के रहल लेखक यादव बतावले बानी ।

कविता आ लेख रचना सब पत्रपत्रिका मे समय समय मे छपल करेला अउरी सहिद कविता संग्रह भोजपुरी भाषा मे प्रेस मे छपावेला देहल गईलबा जवना के २०८० के चईत महिना तक मे प्रकाशन होई यादव जनकारी करावले बानी ।

कथा संग्रह सिम्रौनगढ नगरपालिका के मेयर किशोरी प्रसाद कलवार आ भाषा आयोग के अध्यक्ष डाक्टर गोपाल ठाकुर संयुक्त रूपमे भोजपुरी माटी साहित्य पत्रिका के २० वा अंक के विमोच कार्जक्रम मे विमोचन कईले रहनी । भोजपुरी भाषा के विकास आ समाज मे सचेत सजग आदमी लोग मे सचेतना मिलि जवना खातिर कथा लिखल गईल कार्जक्रम के सहभागी लोग के कहनाम रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।