डाक्टर पिटेवाला के ७२ घण्टा भितर कारबाही करेके चिकित्सक संघ के माग

काठमाण्डु २८ भादो,

नेपाल चिकित्सक संघ हेटौंडा मे डाक्टर उपर आक्रमण करेवाला के ७२ घण्टा भितर कारबाही के दायरा मे लियावे खातिर सरकार के अल्टिमेटम देहले बा ।

संघ बियफे के दिने प्रधानमन्त्री तथा मन्त्रिपरिषद् के कार्यालय मे ज्ञापन पत्र बुझावत हेटौंडा के सन्चो अस्पताल मे डाक्टरउपर आक्रमण करेवाला के ७२ घण्टा भितर कारबाही के दायरा मे लियावे खातिर अल्टिमेटम देहले बा । संघ बियफे के दिने पत्रकार सम्मेलन करत हेटौंडा के सन्चो अस्पताल मे डाक्टर उपर आक्रमण करेवाला के ७२ घण्टा भितर मे कानूनी कारबाही के दायरा मे लियावे खातिर अल्टिमेटम देहले बा ।

७२ घण्टा भितर डाक्टर पिटेवाला उपर कारबाही प्रक्रिया अगाडि ना बढला पर देशभर के सभी अस्पताल मे आकस्मिक बाहेक के सेवा ठप्प करेके संघ के महासचिव डा. सजिव तिवारी चेतावनी देहनी ।

‘७२ घण्टा भितर उ घटना मे सलग्न दोषी के कानूनी कारबाही ना कईल अवस्था मे संघ देशभर आकस्मिक सेवा बाहेक के आउर सभी सेवा बन्द करके आपन ज्यान के सुरक्षा मे खटेमे बाध्य होखेम’ डा. तिवारी कहनी, ‘एकरा से उत्पन्न होखेवाला कउनो भी परिस्थिति के जिम्मेवार नेपाल सरकार स्वय होखिहें ।’

बुध के रात सन्चो अस्पताल मे कार्यरत डा.विकास थापा आ डा. प्रशान्त विडारी उपर अस्पताल मे मरेजी के ईलाज मे खटल समय मे पिटपाट भईल रहे । बितल सावन २२ गते डेंगु के लक्षण लेके अस्पताल मे ईलाज के खातिर लियावल मरेजी के अस्पताल के चिकित्सक सावन २३ गते हि दोसर अस्पताल रेफर कईले रहे । उ मरेजी के सावन २५ गते मृत्यु भईल रहे ।

ओकरा बाद मृतक के आफन्त पहिले गईल सन्चो अस्पताल हि बढिया से ईलाज ना कईल आरोप लगावत क्षतिपुर्ति के माग करत डाक्टर उपर पिटपाट कईले रहलन । पिटपाट मे संलग्न के आरोप मे पुलीस हेटौंडा मे बियफे के दिने चार जने के पकडले बा ।

एहितरे, संघ स्वास्थ्यकर्मी तथा स्वास्थ्य संस्था के सुरक्षा सम्बन्धि संशोधन ऐन, २०७९ बमोजिम चिकित्सक उपर पिटपाट करेवाला उपर कानुनी कारवाही करेके माग कईले बा । नेपाल चिकित्सक संघ के माग उपर नेपाल सरकारी चिकित्सक संघ भी ऐक्यबद्धता जनवले बा । सरकारी चिकित्सक संघ भी आजु विज्ञप्ती जारी करत डा. थापा आ बिडारी उपर पिटपाट करेवाला के कानूनी दायरा मे लियावेके माग कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।