न्यू रायजिङ युवा क्लब के आयोजना मे ७६ जने खुनदान कईलें

बारा ०६ कुवार,
बारा के परवानीपुर गाँवपालिका वार्ड नं ४ चैनपुर चोक मे शनिचर के दिने खुल्ला खुनदान कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
न्यू रायजिङ युवा क्लब के आयोजना मे कईल कार्जक्रम मे ७६ जने खुनदान कईले बाडन । खुनदान करेवाला मे नौसद देवान, प्रमोद राम, राहुल साह, हरिन्द्र ठाकुर, धुरुप पटेल, सुबाश पटेल लगायत रहल बाडन । कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि जसपा नेपाल के युवा नेता सञ्जु साह खुन के पोका देके कार्जक्रम के शुभारम्भ कईले रहनी । कार्जक्रम मे नेता साह क्लब के सभी टिम के धन्यवाद देत आवेवाला दिन मे आउर सामाजिक काम मे लागे खातिर युवालोग के निहोरा कईले रहनी । खास करके अभी के युवालोग के कुलत मे लागके आपन आ परिवार के जीवन के बर्बाद कर रहल देखला पर दुःख लागल आ युवा शक्ति हरदम समाज मे कुछ करके अगाडि बढे खातिर हमरा से होखेवाला सभी सहजोग करेके बतवनी ।
न्यू रायजिङ युवा क्लब के अध्यक्ष लक्ष्मी राउत कुर्मी के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे स्वच्छ समाज युवा क्लब के अध्यक्ष भूपेन्द्र पटेल, क्लब के सचिव मनिकान्त साह, कोषाध्यक्ष फारूक हवारी, स्वच्छ समाज युवा क्लब के सचिव त्रिलोक प्रताप सिंह, सदस्य सरोज यादव, प्रमोद यादव, अखिल पटेल लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






