जिराभवानी से करिब ६४ पोका लागु औषध चरेश सहित एक जने पकडईलें

जिराभवानी ०७ कुवार
पर्सा पुलीस बहुते परिमाण मे लागुऔषध चरेश सहित एक जने के पकडले बा ।
पुलीस पर्सा के जिराभवानी गाँवपालिका वार्ड नम्बर १ मे रहल गम्हरिया स्कुल के बगल से ३२ किलोग्राम चरेश सहित एक जने के पकडले बा । विशेष सूचना के आधार मे पर्सा क्रईम टोली आ ईलाका प्रहरी कार्यालय सेढवा के सयुक्त टोली नेपाल से भारत ओरी जा रहल अवस्था मे चेकजाँच के समय मे ६४ गो पोका मे रहल लागुऔषध चरेश बरामद कईले बा ।
पुलीस चरेश सहित ठोरी गाँवपालिका–४ विजयबस्ती के क्षेत्रबहादुर श्रेष्ठ के पकडल गईल पर्सा प्रहरी के प्रवक्ता कुमारविक्रम थापा बतवनी । उनकर साथ से पकडल गईल मोटरसाइकल के नम्बर अनुसन्धान के ातिर गोप्य राखल पुलीस जनवले बा ।
पकडाईल चरेश सहित आदमी आ मोटरसाइकल के आउर अनुसन्धान के खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे राखल पुलीस जनवले बा






