जनानी के लास मिलल

वीरगंज १३ कुवार

पर्सा जिल्ला के बिन्दबासिनी गाँवपालिका वार्ड नं. २ ढोङ्गही खोला के किनार मे एक जनानी के लास मिलल बा ।

खोला के उत्तर किनार से १० फिट उत्तर ओरी बियफे के दिने करिब ४० से ६० बरीस उमिर समूह के जनानी के लास मिलल बा । जनानी के लास सडल अवस्था मे मिलल आ शनिचर के सबेरे तक भी पहिचान खुले सकल नईखे ।

५ फिट २ इन्च उचाई आ करिब ४० से ४५ किलो वजन भईल अनुमान कईल मृतक जनानी के ब्लु रंग के पेटिकोट, लाल रंग के ब्लाउज आ लाल रंग के चुरी पहिनल जिल्ला प्रहरी कार्यालय के प्रवक्ता डीएसपी कुमारविक्रम थापा जानकारी देहनी ।

बोरा मे राखके पोखरा मे बिगल अवस्था मे लास मिलल

सप्तरी जिल्ला के खडक नगरपालिका वार्ड नं.११ बनौलीस्थित पोखरा मे शनिचर के सबेरे एक जने पुरुष के लास मिलल बा ।

स्थानीय रामप्रसाद यादव के घर के बगल मे रहल पोखरा मे बोरा भितर सडल गलल अवस्था मे तत्काल पहिचान होखे ना सकेवाला पुरुष के लास मिलल सप्तरी के डीएसपी ढुण्डीराज नेउपाने जानकारी देहनी ।

केहु हत्या करके बोरा मे राखके पोखरा मे बिगल हो सकेके अनुमान कईल बा । डीएसपी नेउपाने अनुसन्धान के बाद मात्र विस्तृत मे बतावे सकेके जनवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।