मधेश के सुरक्षा चुनौतीबारे बर्दिबास मे बतकही कार्जक्रम

बर्दिबास १७ कुवार,
मधेश प्रदेश के सुरक्षा चुनौतीबारे बर्दियाबास मे बतकही कार्जक्रम हो रहल बा । बतकही मे उपप्रधानमन्त्री एवम् गृहमन्त्री नारायणकाजी श्रेष्ठ सहित मधेश प्रदेश के आठ गो जिल्ला के प्रमुख जिल्ला अधिकारी आ सभी सुरक्षा निकाय के प्रमुखलोग सहभागी रहलन ।
प्रमुख जिल्ला अधिकारीलोग आ सुरक्षा निकाय के प्रमुखलोग आपन आपन जिल्ला के अवस्थाबारे रिपोर्टिङ कईला के बाद उपप्रधानमन्त्री श्रेष्ठ जरुरी सुझाव आ निर्देशन देहले बाडन ।
प्रमुख जिल्ला अधिकारीलोग प्रदेश के कैयन जगहा मे धार्मिक सद्भाव बिथोलेवाला तत्वसब सक्रिय रहल, मिटरब्याज नियन्त्रण कानुन आ आयोग बनला पर भी ओकरा के निरुपण करेके सन्दर्भ मे वाधाव्यवधान खडा करेके खोजल, पालिका के जनप्रतिनिधिलोग के बेमेल से भी सुरक्षा चुनौती खडा कईल, सामाजिक संजाल मे आवेवाला कैयन सामान उत्तेजना बढावेके खोजल लगायत के समस्याबारे जानकारी करवले बाडन ।
भारत मे चुनाव नजिकईला से सीमा क्षेत्र मे तनाव बढे सकेके तथा अवैध ढुवानी आ भारतीय गाडी के प्रयोग से भी सुरक्षा व्यवधान खडा करे सकेके सम्भावना भी उलोग देखवले बाडन । साथे प्रशासन सभी गैरकानुनी गतिविधि के प्रत्यक्ष तथा सूक्ष्म निगरानी कर रहल अ सुरक्षा अवस्था के चुस्त राखल जानकारी उलोग करवले बाडन ।
बतकही मे गृह मन्त्रालय के सचिव, प्रवक्ता, नेपाल प्रहरी आ सशस्त्र प्रहरी के आईजी, राष्ट्रिय अनुसन्धान विभाग के प्रमुख, नेपाली सेना के अधिकारी लगायत सहभागी रहलन ।






