बारा मे दु थान पेस्तोल आ १० राउण्ड गोली सहित पाँच जने पकडईले
बारा मे दु थान पेस्तोल आ १० राउण्ड गोली सहित पाँच जने पकडईले

प्रभु यादव
बारा २२ कात्तिक
बारा के सिम्रौनगढ नगरपालिका से पुलीस दु थान पेस्तोल आ १० राउण्ड गोली सहित पाच जने के बियफे के दिने पकडले बा ।
ईलाका प्रहरी कार्यालय सिम्रौनगढ के प्रमुख प्रहरी निरिक्षक रविभूषण यादव के नेतृत्व मे खटल टोली सिम्रौनगढ नगरपालिका वार्ड नं. ११ भगवानपुर से पाँच जने के अवैध हथियार आ गोली सहित पकडले बा ।
स्थानीय ४० बरीस के उपेन्द्र पटेल आपन घर के कोठरी मे अवैध रुप मे हथियार चोरालुका के राखल सूचना के आधार मे पुलीस घर खानतलासी करके उ हथियार बरामद कईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता डिएसपी दधिराम न्यौपाने जानकारी देहनी ।
पटेल के घर मे सबेरे ८ बजे खानतलासी कईला पर एक थान रिभाल्वर पेस्तोल आ उ पेस्तोल मे लागेवाला ७ राउण्ड गोली, एक थान नलकटुवा पेस्तोल आ ओमे लागेवाला एक थान गोली आ के.एफ. १२ लिखल जंगी राउण्ड २ थान गोली समेत बरामद कईल डिएसपी न्यौपाने जानकारी देहनी ।
अवैध हाथहथियार सहित घरधनी ४० बरीस के उपेन्द्र पटेल, २७ बरीस के धिरेन्द्र पटेल, ६२ बरीस के रुपलाल पटेल, रौतहट बौधीमाई नगरपालिका वार्ड नं. २ रहेवाला ४४ बरीस के राजमंगल पटेल, उहे जगहा के ८० बरीस के शोभा राउत के पकडके जरुरी कानुनी कारवाही के खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा मे लियावल गईल उ जानकारी देहनी ।
पकडाईल पाँच जने के जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रहरी हिरासत मे राखके घटनाबारे आउर अनुसन्धान सुरु कईल पुलीस जनवले बा ।





