घडिअर्वा छठघाट सजावट लगायत के सभी तईयारी पुरा, करिब १५ लाख खर्च होखेके अनुमान

घडिअर्वा छठघाट सजावट लगायत के सभी तईयारी पुरा, करिब १५ लाख खर्च होखेके अनुमान

वीरगंज ०१ अगहन

छठपूजा मे सजावट के खातिर नेपाल मे हि प्रसिद्ध रहल वीरगंज के घडिअर्वा पोखरी छठघाट सजावट के सभी तइयारी पुरा भईल छठपूजा व्यवस्थापन समिति जनवले बा ।

छठपूजा व्यवस्थापन समिति शुक के दिने घडिअर्वा पोखरी परिसरमा मे आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे समिति के अध्यक्ष दिलिप साह कानु छठघाट के व्यवस्थापन आ सजावट के काम पुरा भईल बतवले बानी ।

ई पालि छठघाट के सजावट आ व्यवस्थापन मे करिब १५ लाख ४१ हजार रोपेया खर्च होखेके अनुमान कईल गईल बा । टेण्टपण्डाल मे ७ लाख ५१ हजार, परिसर बाहर के बत्ती सजावट मे १८ हजार, भिडियो ग्राफी मे ३५ हजार, पुरस्कार मे ४ लाख २८ हजार, सरसफाइ मे ६० हजार रोपेया खर्च होखेके समिति के सचिव लखनलाल कानु जानकारी देहनी ।

पत्रकार सम्मेलन मे सुरक्षा उपसमति के संयोजक मुन्ना साह छठघाट मे ब्रतालु, दर्शनार्थी आ भक्तजनलोग के सुरक्षा सहजता के खातिर नेपाल पुलीस, सशस्त्र पुलीस, सादा डरेस के पुलीस करके करिब १ सय १० सुरक्षाकर्मी आ घडीअर्वा स्पोर्ट क्लब के जनानी सहित करिब ६० जने स्वंयसेवक परिचालन करेके बतवले बानी । एहितरे छठघाट परिसर मे २० गो सिसिटिभी क्यामेरा जडान कईल साह बतवनी ।

बितल बरीस के छठघाट सजावट आ ब्यवस्थापन मे १४ लाख ३५ हजार ३ सय खर्च भईल आ आम्दानी से खर्च घटाके ५ लाख १ हजार ४९५ रोपेया बचत भी भईल समिति के कोषाध्यक्ष तिलक साह कानु बतवनी ।

छठपूर्वा मे सम्भावित दुर्घटना के मध्यनजर करके छठघाट परिसर बाहर एम्बुलेन्स, बारुण यन्त्र आ नेपाल रेडक्रस सोसाईटीद्धारा प्राथमिक उपचार शिविर राखेके भी तइयारी भईल जनावल गईल बा ।

आयोजक समिति के अध्यक्ष कानु के अध्यक्षता मे भईल पत्रकार सम्मेलन मे पूर्व अध्यक्षलोग हिरा साह, प्रेम साह कानु आ मदन प्रसाद कलवर, वीरगंज–१० के वार्ड अध्यक्ष सुशिल साह कानु, समिति के उपाध्यक्ष राकेश साह कानु, कोषाध्यक्ष तिलक साह, घडीअर्वा स्पोर्ट क्लब के पूर्व अध्यक्ष सन्तोष साह कानु, सल्लाहकार गौरीशंकर गुप्ता लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।