बारिश के बीच रक्सौल में गूंन्जल बलभद्र भगवान के जयकारा
कलवार समाज के भव्य पूजनोत्सव में उमड़ल श्रद्धालु, एकता आ शिक्षा के दिहल गइल संदेश

रक्सौल ८ कुवार
कलवार कल्याण समिति, रक्सौल के तत्वावधान में पूर्व निर्धारित कार्यक्रम के तहत गुरुवार के रक्सौल के पंकज वाटिका में कलवार समाज के कुलदेवता भगवान बलभद्र के भव्य पूजनोत्सव आयोजित भइल।
कलवार कल्याण समिति के अध्यक्ष अनिल कुमार गुप्ता के देखरेख में आयोजित पूजा में पंटोका निवासी जितेन्द्र प्रसाद आ उनका पत्नी मंजू देवी मुख्य यजमान के रूप में पूजा के वेदी पर बइठल रहली। विधि-विधान आ वैदिक मंत्रोच्चार के साथ भगवान बलभद्र के प्रतिमा स्थापित क के पूजा-अर्चना संपन्न करावल गइल।
गुरुवार के सबेरे से हो रहल लगातार बारिश के बावजूद श्रद्धालु लोग के उत्साह में कवनो कमी ना देखाइल। रक्सौल शहर के अलावा आसपास के ग्रामीण इलाका से भी बड़ी संख्या में भक्त पंकज वाटिका पहुंचलें।
बारिश में निकलल भव्य शोभायात्रा
पूजा के अवसर पर पंकज वाटिका से सैकड़ों श्रद्धालु के सहभागिता में भव्य शोभायात्रा निकालल गइल। गाजे-बाजे के साथ निकलल शोभायात्रा शहर के मुख्य मार्ग से गुजरत आपसी एकता आ भाईचारा के संदेश देत आगे बढ़ल।
शोभायात्रा के दौरान भगवान बलभद्र के भजन पर श्रद्धालु लोग झूमत नजर आइलें। श्रद्धालु लोग जयकारा लगावत पूरा माहौल के भक्तिमय बना दिहलें। भगवान बलभद्र के न्योता देके पंडाल में लावल गइल, एकरा बाद आगे के पूजा-अर्चना के कार्यक्रम संपन्न भइल।
जल्द बनत कलवार कल्याण समिति के अपना भवन
समिति के अध्यक्ष अनिल कुमार गुप्ता कहलें कि कलवार कल्याण समिति, रक्सौल के अपना भवन बनावे के तैयारी शुरू कर दिहल गइल बा। भवन निर्माण खातिर जमीन चिन्हित करे के प्रक्रिया चल रहल बा।
उहाँ कहलें कि सब कुछ ठीक रहल त अगिला साल से भगवान बलभद्र के पूजनोत्सव समिति के ओर से खरीदल जमीन पर बनल अपना भवन परिसर में ही आयोजित होई।
शिक्षा से होई समाज के विकास : विधायक अभिषेक रंजन
समिति के आमंत्रण पर कार्यक्रम में पहुंचल चनपटिया विधायक अभिषेक रंजन कहलें कि अइसन सामाजिक आयोजन से समाज में एकता आ भाईचारा मजबूत होला।
उहाँ कहलें कि समाज के आगे बढ़ावे खातिर बच्चा लोग के शिक्षा पर विशेष ध्यान देवे के जरूरत बा। समाज के बच्चा जब शिक्षित होई, तबही समाज के वास्तविक विकास संभव होई। उहाँ जरूरतमंद लोग के सहयोग क के समाज के मुख्यधारा में आगे बढ़ावे के अपील भी कइलें।
‘एकता में ही बल बा’ : श्याम बिहारी प्रसाद
पूर्व मंत्री श्याम बिहारी प्रसाद सभे के भगवान बलभद्र पूजनोत्सव के शुभकामना देत कहलें कि एकता में ही बल बा। समाज के विकास खातिर आपसी एकता आ सहयोग जरूरी बा।
राजद नेता संतोष जायसवाल आयोजन खातिर समिति के सभे सदस्य के आभार जतावत कहलें कि भगवान बलभद्र के पूजा के माध्यम से देशभर में कलवार समाज एक मंच पर जुट रहल बा।
कार्यक्रम के राजद नेता सुरेश यादव भी संबोधित कइलें।
महाप्रसाद आ भजन से भक्तिमय भइल माहौल
पूजा संपन्न होखला के बाद श्रद्धालु लोग के बीच महाप्रसाद के वितरण कइल गइल। एह दौरान गायिका जुही राज के टीम के ओर से प्रस्तुत भजन से पूरा माहौल भक्तिमय बन गइल। श्रद्धालु लोग भक्ति गीत पर झूमत नजर आइलें।
पूजनोत्सव के सफल बनावे में समिति के उपाध्यक्ष सोनू कुमार गुप्ता, अजय कुमार, महासचिव चंदन कुमार, सचिव रंजीत कुमार, चंद्रकिशोर प्रसाद, कोषाध्यक्ष सुनील कुमार, उप कोषाध्यक्ष मंगलम कुमार, अखिलेश कुमार, संगठन मंत्री चंदन गुप्ता, बप्पी साह, जितेन्द्र कुमार, अरुण कुमार, अंकेक्षक धीरज कुमार, बैजू जायसवाल सहित विक्रम कुमार, राहुल कुमार, रवि गुप्ता, उज्जवल कुमार, नीरज कुमार, जयप्रकाश कुमार, सनोज कुमार, रिदित कुमार, प्रियांशू कुमार, बब्लू कलवार, नितेश कुमार, दुर्गेश कुमार के महत्वपूर्ण भूमिका रहल।
ओही तरह कलवार महिला मंच के किरण गुप्ता, लवली गुप्ता, चांदनी गुप्ता, अनीता गुप्ता, शालू गुप्ता, रानी गुप्ता, रौशनी गुप्ता, नेहा, सिमरण, चंचल आ मेनका गुप्ता समेत समिति के अन्य सदस्य लोग सक्रिय रूप से योगदान दिहलें।
कार्यक्रम में जगदीश प्रसाद, डॉ. हजारी प्रसाद गुप्ता, प्रदीप भारती, ध्रुव प्रसाद, सुभाषचंद्र प्रसाद, हरिकिशोर प्रसाद, डॉ. उमेश कुमार, डॉ. प्रहस्त कुमार समेत हजारों के संख्या में श्रद्धालु आ समाज के लोग मौजूद रहलें।





