बारा मे आधुनिक ट्रायल सेन्टर बनावल जाई : मन्त्री सिंह

प्रभु यादव /
बारा २५ अगहन, बारा के सदरमुकाम कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ३ गंगापुर मे शिक्षा तालिम केन्द्र मे यातायात व्यवस्था कार्यालय के उदघाटन भईल बा ।
उदघाटन कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि मधेश प्रदेश के श्रम तथा यातायात मन्त्री चन्दन कुमार सिंह कार्यालय उदघाटन के बाद आपन बात राखत बारा मे आधुनिक ट्रायल सेन्टर बनावेके बतवले बानी । मधेश आ मधेशी के खतिर संघियाता रहल बा जवना से विकास होसकता मन्त्री सिंह बतावले बानी ।
संघियता मे पढल लिखल लोग जनप्रतिनिधि होई तब विकास सम्भव रईल मन्त्री सिंह के कहनाम रहल रहे । यातायात कर्यालय मे भ्रष्टाचार होरहल बा माकिर साबुत पुगावेला पछाडी हट जाला लोग कहिना कही हम सभे जनता दोषी रहल बानी कहके मन्त्री सिंह बतवनी ।
ड्राइभर लाईसेन्स १० बरिस के लेल हमरा कार्यकाल मे बनावे के व्यवस्था लियावेके मन्त्री सिंह बतावले बानी । गाडी किनेके समय मे ब्लुबुक लेवेके समय मे जबतक चली तबतक के लेल कर एकवेर लेके देवेके व्यवस्था लागू करेला मधेश प्रदेश करावेला प्रयास कर रहल बा जवना से भ्रष्टाचार बन्द होसकता सिंह बतावले बानी ।
मधेश प्रदेश के हुलाकी राजमार्ग मे पुर्ण इलेक्ट्रोनिक यातायात सञ्चालन करेला अनुसन्धान कईल जारहल मन्त्री सिंह बतावले बानी ।
जसपा पार्टी के मधेस प्रदेश अध्यक्ष एवम पूर्व सासद रामबाबु कुमार यादव देश मे बढल भ्रष्टाचार के संघिय सरकार दोषी रहल बा नियन्त्रण करेवाला सभे आयोग संघिय मे रहल बा उहे जगह से कार्यान्वयन करेके पर नाकईल जारहल सिकायत कईले बानी ।
मधेश प्रदेश सभा पूर्व सदस्य पारस साह संघिता के कामकाज से जनता मे निरास आ पञ्चायती व्यवस्था ठिक भईल उठरहल जवना के सभे के ध्यान पुगेके परल बतवले बानी । कलैया उपमहानगरपालिका के मेयर विनोद साह यातायात व्यवस्था कार्यालय के निर्माण करेला पालिका ६ विगहा जग्गा देवेके प्रतिबद्धता कईले बानी ।
कार्यालय सञ्चालन होकर के प्रमुख बईठल करिहे उनकरा से समन्वय कर के जमिन देवेके मेयर साह बतावले बानी । बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी नवराज सापकोटा के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे संविधान सभा सदस्य प्रमोद गुप्ता, मधेश प्रदेश सभा सदस्य रविन्द्र दास श्रेष्ठ, महम्द समीर, नेपाली काँग्रेस के राजेश सिंह, नेकपा माओवादी के मुकेश साह, जनमत पार्टी के बारा इन्चार्ज शिवनाथ पटेल, विवेकशिल पार्टी के बारा अध्यक्ष डाक्टर सुशील साह लगायत के लोग आपन आपन पार्टी के पक्षमे बात करत कार्यालय सञ्चालन होकर के जनता के सेवा कवनो सर्तविना के नियम अनुसार करेला सल्लाह सुझाव देहले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।