सहकारी समाज आ समुदाय के विकास मे सहजोग पुगावले बा : मेयर यादव

सहकारी समाज आ समुदाय के विकास मे सहजोग पुगावले बा : मेयर यादव

प्रभु यादव

बारा ०२ पुस

बारा के कलैया मे दसहारा को अपरेटिभ एशोसिएट लिमिटेड के २७ वां बार्षिक सधारण सभा के उपलक्ष्य मे छलफल कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

छलफल कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि महागढीमाई नगरपालिका के मेयर उपेन्द्र यादव सहकारी सब समाज आ समुदाय के विकास मे सराहनिय भुमिका खेलल जनकारी करावले बानी । जवन जनता के छोट छोट व्यापार बा उलोगन के पईसा के बचत करे के आ छोट–छोट पईसा के व्याज मे देके आम्दानी करेला सहजोगी के रूप मे देखल गईल मेयर यादव बतावले बानी ।

महागढीमाई नपा के एरिया मे रहल २७ गो संहकारी मेसे करिब १८ गो संस्थागत रूप मे काम कर रहल माकिर १४ गो सहकारी आपन निजी जईसन समिति बनाके रखले बा मेयर यादव बतावले बानी । महागढीमाई नगरपालिका धार्मिक पालिका रहल जवना जगह विश्व प्रसिद्ध गढीमाई, कटवासीमाई, रमनाक माई, भिनक बारा के मन्दिर रहल मेयर यादव जनकारी करावले बानी ।

द सहारा को परेटीभ के शाखा बरियारपुर मे खोल के व्यापार करेवाला लोग के उत्पादन करेवाला मे कर्जा लगा के अगाडि बढावेला जरूरी रहल मेयर यादव बतावले रहनी । बारा नागरिक समाज के अध्यक्ष उमेशलाल दास सहकारी के सदस्य लोग आपन मान के सही तरिका से काम ना करी तब तकले युवा जवान लोग आगाडी ना बढी बतावले बानी । सञ्चालक समिति सदस्य राकेश पाण्डे के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे उधोग बाणिज्य संघ के अध्यक्ष राजकुमार साह, ब्रह्मराजयोग के मिना कुमारी, सुषमा बहन, नेपाल प्रेस युनियन के मधेश प्रदेश के अध्यक्ष सत्यप्रकाश श्रेष्ठ, सिकेन्द्र पासवान आ रामबाबुु मेहता लगायत के लोग शुभकामना देहले रहलन । जयनारायण यादव के सञ्चालन मे भइल कार्जक्रम मे संस्था के शेयर धनी सब के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।