भारतिय महाबाणिज्य दुत मिना बारा के मटिअर्वा भन्सार निरिक्षण कईलें
भारतिय महाबाणिज्य दुत मिना बारा के मटिअर्वा भन्सार निरिक्षण कईलें

प्रभु यादव
बारा ०७ पुस
नेपाल के खातिर भारतिय महाबाण्ज्यि दुत देवि सहाय मिना आ शशिभुषण साह सहित के टोली शनिचर के दिने बारा के मटिअर्वा भन्सार निरिक्षण कईले बानी ।
बारा के कलैया उप महानगरपालिका वार्ड नं १० मटिअर्वा सिमा अवलोकन के क्रम मे पुगल बाणिज्य दुत मिना नेपाल आ भारत बिच सदियो से रहल बेटी रोटी के सम्बन्ध के निरन्तरता देवेके बात मे जोड देहले रहनी ।
सिमा सुरक्षा के खातिर खटल भारतीय एसएसबी के जवान सभे के सिमावर्ती गाँव के सर्वसाधारण सब के दिनचर्या सहज बनावे खातिर सहजोग करेला निर्देशन देहनी । मटिअर्वा नाका मे कष्टम के व्यवस्था कर के नाका से चार चकावाला गाडी साधन के आवागमन के खातिर अपने पहल करेके आश्वासन समेत महाबाणिज्य दुत मिना बतावले बानी ।
महावाणिज्यत दुत लगायत सिमा निरिक्षण के खातिर मटिअर्वा स्थित नेपाल भारत मैत्री सँघ के सचिव पवन अग्रवाल, निरन्जन अग्रवाल, सल्लाहकार विजय जैसवाल, सदस्य अजय सर्राफ लगायत मटिअर्वा के सर्वसाधारण एवम् सरोकारवाला सभे लोग के सहभागिता रहल रहे ।






