नेपाल लेखापढी कानुन व्यवसायी एशोसिएसन बारा मे दुसरा बेर अध्यक्ष मे यादव

नेपाल लेखापढी कानुन व्यवसायी एशोसिएसन बारा मे दुसरा बेर अध्यक्ष मे यादव

प्रभु यादव

बारा २२ पुस

नेपाल लेखापढी कानुन व्यवसायी एशोसिएसन बारा जिल्ला कार्य समिति मे दुसरा बेर अध्यक्ष मे बृज किशोर प्रसाद यादव उर्फ भगत जी सर्वसहमत चयन भईल बानी ।

९ वाँ अधिवेशन के शनिचर के दिन उदघाटन सत्र समाप्त भईला के वाद बन्द सत्र सुरू भईला मे सभे सदस्य लोग के विचार आ छलफल भईला पर सर्वसहमती से अध्यक्ष मे यादव सहित ६ पद मे छनौट भईल बा । जेकर उपाध्यक्ष मे शिवपुजन ठाकुर, सचिव मे दिनेश प्रसाद पटेल, सह–सचिव मे बिनोद कर्ण, कोषाध्यक्ष मे प्रमानन्द प्रसाद पटेल आ सह–कोषाध्यक्ष मे दिनेश कुमार मण्डल सर्वसहमती से चयन भईल बानी ।

सदस्य सात पद के सोमार के विहनीया ९ बजे सभे सदस्य लोग के सहभागिता मे सर्वसहमत से ही चयन कईल जाई भगतजी जनकारी करावले बानी । कानुन व्यवसायी एशोसिएसन के अपने भवन के सभा हल मे भईल बन्द सत्र से पदाधिकारी लोग के चयन भईल बा आ सदस्य लोग के सोमवार के विहनिय बईठक से चयन करे के काम होखी पूर्व सदस्य उपेन्द्र पासवान जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।