बाल बियाह सम्बन्धि अभि मुखिकरण तथा समन्वय बईठक
बाल बियाह सम्बन्धि अभि मुखिकरण तथा समन्वय बईठक

वीरगंज २९ पुस
बालबियाह के सम्बोधन करे खातिर किसोर किशोरीलोग के सशक्त बनावेके उदेश्य से पालिका स्तरिय सरोकारवालालोग से अभिमुखिकरण तथा समन्वय बईठक पुरा भईल बा ।
पर्सा के सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका मे युनिसेफ नेपाल के सहजोग आ समाजिक संस्था जिल्ला समन्वय समिति पर्सा से आयोजना कईल कार्जक्रम मे बालबियाह रोकथाम मे अहम भुमिका खेल के बालबियाह गाँवपालिका मुक्त बनावेके गाँवपालिका अध्यक्ष यसवन्त यादव घोषणा कईले बानी । लईकालईकी आ जनानीलोग के क्षेत्र मे काम करेवाला संघ संस्थासब के सकेभर सहजोग करेके अध्यक्ष यादव बतवनी ।
ई अभियान पुराना भईला पर भी पहिले से अभी बालबियाह मे बहुते कमी आईल बतवनी । कार्जक्रम मे गाँवपालिका उपाध्यक्ष सर्मिला बिष्ट बालबियाह रोके खातिर बिद्यालय मे जाके अभिभावक आ विद्यार्थीलोग के प्रशिक्षण देवेके बात मे जोड देहनी । कार्जक्रम मे प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत राजेश प्रसाद रौनियार पहाडी क्षेत्र से मधेश प्रदेश मे बेसी बालबियाह देखल गईला पर भी पहिले से अभी बहुते सुधार भईल बतवनी ।
बालबियाह से शरिरिक अवस्था कमजोर होखेके चलते कैयन के ज्यान भी गईल सुनल गईल बा ओहिसे २० बरीस उमिर पुगला के बाद मात्र बियाह करेके चाहिं कहके बतवनी । छोट उमिर मे बियाह कईला पर शारिरीक आ मान्सिक रुप मे परिपक्क ना भईला से अकाल मृत्यु होखेके आ कानुनी अपराध भी बढल देखल गईल बा ।
बालबियाह रोके खातिर स्थानिय जनप्रतिनिधि, संघसंस्था, अभिभावक आ सुरक्षाकर्मीलोग से सहजोग करे खातिर संस्था के कोर्डिनेटर सरस्वती पोख्रेल बतवनी । बालबियाह रोके खातिर शिक्षक, अभिभावक आ बिद्यालय के बिद्यार्थीलोग से जनचेतना फईलावेके बात मे जोड देहनी । कोर्डिनेटर पोख्रेल प्रोजेक्ट के माध्यम से बालबियाह बिरुद्ध प्रशिक्षण देहले रहनी ।
पालिका अध्यक्ष जसवन्त यादव के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे वार्ड अध्यक्षलोग अषेशर यादव, बासुदेव महतो, संस्था के अध्यक्ष ईब्राहिम देवान, रुपक पाण्डे, गाँवपालिका के योजना प्रमुख बिनोद यादव, टिपिओ नेपाल रन्जु कुुमारी, लेखपाल सुमन साह, लगायत ३० जने के सहभागीता रहल रहे ।






