कांग्रेस के मन्त्री आ प्रदेश सांसद के चलते प्रादेशिक अस्पताल गौर के अवस्था लथालिङ्ग बा : अध्यक्ष हाशमी
कांग्रेस के मन्त्री आ प्रदेश सांसद के चलते प्रादेशिक अस्पताल गौर के अवस्था लथालिङ्ग बा : अध्यक्ष हाशमी

रौतहट ६ माघ
रौतहट के प्रादेशिक अस्पताल गौर के व्यवस्थापन समिति के अध्यक्ष मोहम्मद अनवर हाशमी नेपाली कांग्रेस के मन्त्री आ प्रदेश सांसद के चलते प्रादेशिक अस्पताल गौर के अवस्था लथालिङ्ग भईल आरोप लगवले बानी ।
मधेश प्रदेश के कांग्रेस के कुछ मन्त्रीलोग मानव के स्वास्थ्य से जुडल अस्पताल जईसन अति संवेदनशील जगहा मे राजनीति करेके खोजला पर आ कर्मचारी हेरफेर मे अनावश्यक हस्तक्षेप कईला के चलते प्रादेशिक अस्पताल गौर के अवस्था नाजुक बनल अध्यक्ष हाशमी बतवले बाडन ।
प्रादेशिक अस्पताल गौर के सभाहल मे आजु शनिचर के दिने पत्रकार सम्मेलन के आयोजना करके अस्पताल व्यवस्थापन समिति के अध्यक्ष हाशमी रौतहट क्षेत्र नं १ ‘ख’ के प्रदेश सांसद एवं प्रदेश के भौतिक पूर्वाधार विकास मन्त्री कृष्ण प्रसाद यादव, कांग्रेस के स्वास्थ्य मन्त्री विरेन्द्र सिंह आ रौतहट क्षेत्र नं १ ‘क’ के कांग्रेस के प्रदेश सांसद नागेन्द्र साह अस्पताल मे राजनीतिकरण करेके खोजल आरोप लगवले बानी ।
अस्पताल के मेसु संजीव कुमार सिंह रहला पर भी भौतिक पूर्वाधार विकास मन्त्री कृष्ण यादव आ प्रदेश सांसद नागेन्द्र साह के दबाव मे स्वास्थ्य मन्त्री विरेन्द्र सिंह पहिले के मेडिकल सुपरिटेन्डेण्ट कृष्ण प्रसाद साह के पठाके अनावश्यक विवाद करईला के चलते अस्पताल के अवस्था कमजोर होत गईल अध्यक्ष हाशमी के दाबी रहल रहे ।
अस्पताल मे अभी मेडिकल सुपरिटेन्डेण्ट संजीव आ कृष्ण करके दु जने कार्यालय प्रमुख कार्यरत रहल बाडन । दुनु जने मे कसके विवाद रहल बा । खुद मेडिकल सुपरिटेन्डेण्ट संजीव कुमार सिंह के कायम राखेके आ बाद मे पठावल मेडिकल सुपरिटेन्डेण्ट कृष्ण प्रसाद साह के फिर्ता पठावे खातिर स्वास्थ्य मन्त्री सिंह के बेर बेर निहोरा कईला पर भी भौतिक पूर्वाधार मन्त्री यादव आ प्रदेश सांसद साह के दबाव के चलते उनका के फिर्ता पठावेके नामानल बतवनी ।
प्रदेश ऐन मे प्रदेश मे कर्मचारी ना भईला पर मात्र संघ के कर्मचारी राखेके प्रावधान बा माकिर इहाँ पहिले से हि कार्यरत मेडिकल सुपरिटेन्डेण्ट संजीव कुमार सिंह प्रदेश के कर्मचारी रहला पर भी स्वास्थ्य मन्त्री सिंह बलजबरजस्ती संघ के कर्मचारी कृष्ण प्रसाद साह के टिकाके राखल उ बतवनी ।
मन्त्री यादव नियम से हि ना मिलेवाला अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेण्ट मे कृष्ण साह के हि राखेके चाहला से बिवाद बढल उ बतवनी ।
संजीव सिंह एघार वाँ तह के कर्मचारी हउवन आ कृष्ण साह दश वाँ तह के कर्मचारी हउवन । साह से सिंह सिनियर कर्मचारी रहला से सिंह के हि मेडिकल सुपरिटेन्डेण्ट के अख्तियारी देवेके अध्यक्ष हाशमी के माग बा ।
दु जने मेडिकल सुपरिटेन्डेण्ट एके बेर हाजिर भईला से केकरा के मेडिकल सुपरिटेन्डेण्ट राखेके विषय मे विवाद बढला से अभी प्रादेशिक अस्पताल गौर मेडिकल सुपरिटेन्डेण्ट विहिन रहल बा ।
मेडिकल सुपरिटेन्डेण्ट के कमी मे पिछिलका कुछ महिना से अस्पताल के कर्मचारी के तलव मिले नईखे सकल । तलव मिले ना सकल कर्मचारीलोग माघ ७ गते से आकस्मीक सेवा बाहेक आउर सभी सेवा बन्द करके बन्दहडताल मे उतरेके चेतावनी देहला के चलते बडका समस्या उत्पन्न भईल बतवनी । हम अध्यक्ष भईल समय से हि अस्पताल मे सुधार के बहुते काम कईल चर्चा करत उ आम नागरिक के बेसी से बेसी सेवा उपलब्ध करावे खातिर अनेकन सेवा विस्तार कईला के साथे कैयन उपकरण खरिद कईल बतवनी । आवेवाला माघ ११ गते तक मन्त्रालय मेसु के विवाद सुल्झावे न ासकला पर हम जरुरी कदम चालेमे बाध्य होखेके उ चेतावनी भी देहले बानी ।






