तिसरा मनहर्वा गोल्डकप सुरू आयोजक टिम सेमिफाइनल मे प्रवेश

तिसरा मनहर्वा गोल्डकप सुरू आयोजक टिम सेमिफाइनल मे प्रवेश

प्रभु यादव

बारा १३ माघ

बारा के जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर १८ वडहर्वा मे तिसरका मनहर्वा गोल्डकप सुरू भईल बा । पहिलका दिन के खेल मे आयोजक मौवादेवी युवा क्लब नमस्ते युवा क्लव हरिवन के १–० के गोल अन्तर से हरा के सेमिफाइनल मे प्रवेश कईले बा ।

मौवादेवी खेल मैदान मे शनिचर के भईल पहिलका खेल मे आयोजक क्लव के रेशमराज माझी निर्णायक गोल कईले रहलन । निर्धारित ७० मिनेट के खेल मे माझी ३८ वां मिनेट मे हेडमार्फत गोल कईले रहलन । खेल के म्यान अफ दि म्याच आयोजक क्लब के आकाशबहादुर राना बनल बानी । राना के नगद दु हजार पाँच सय समिति पुरस्कार देहले बा ।

प्रतियोगिता अन्तर्गत एतवार के दिने रिगल हेटौडा रिसोर्ट आ रौतहट एफसी के खेल होई आयोजक जनकारी करावले बा । माघ २० गते तक आयोजना होखेवाला गोल्डकप के विजेता दु लाख आ उपविजेता के एक लाख नगद पुरस्कार देवेके आयोजक जनकारी करावले बा । गोल्डकप मे आठ टिम के सहभागिता रही ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।