समाज परिवर्तन केन्द्र काठमाण्डुद्वारा ट्राफिक व्यवस्थापन के खातिर संवाद बहस
समाज परिवर्तन केन्द्र काठमाण्डुद्वारा ट्राफिक व्यवस्थापन के खातिर संवाद बहस

प्रभु यादव
बारा १९ माघ
कलैया उपमहानगरपालिका के नगर प्रमुख विनोद प्रसाद साह जिल्ला प्रशासन कार्यालय के अगाडि नाला बनाके सवारी साधन पार्किङ करवले बानी, अब बाल मन्दिर आ श्री ३ चन्द्र मावि के अगाडि नाला बनवा के सवारी गाडी व्यवस्थापन करेला काम सुरू करवा रहल बतवले बानी ।
कलैया उपमहानगरपालिका के सभा हल मे समाज परिवर्तन केन्द्र काठमाण्डु के आयोजना मे भईल कार्जक्रम मे नगर प्रमुख साह अईसन बतवले बानी । बजार से पश्चिम मे रहल सोनरपटी मे बनल रोड बनावे मे बिचमे उचबनावले बा जवना से दुर्घटना होसकता जवन फिर से ओही पईसा मे काम ठेक्कादार से करवारहल साह बतावले बानी । ट्राफिक प्रहरी से पाँच जने जवना पेठाई पालिका के नगर प्रहरी के साथ राख के व्यवस्थापन करावेला काम करेम साह जनकारी बतावले बानी ।
बारा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी कृष्णप्रसाद अचार्य कलैया के चरतचौक मे रहल बस से अधिक समस्या रहल बा जवन व्यवस्थापन करेला पालिकाके सुझाव देहले बानी । हुलाकी राजमार्ग मे रास्ता मे किनारा बनावे के खातिर अचार्य सुझाव देहले बानी । कलैया बजार मे रहल खुद्रा व्यापारी के व्यवस्थापन करेके आ मानवत मटिअर्वा के रास्ता बनावेला पालिका प्रमुख के पहल अधिक रहल कहत आपन अगाडि रहल गाडी के जामघट के सम्बन्ध मे कुछ जनकारी ना करावले अचार्य ।
ट्राफिक पोष्ट कलैया के ईन्चार्ज माधव कुमार सिलवाल हम अबगे आईल बानी सभे जगह के समस्या जनकारी कर रहल बानी । भ्रष्टाचार के अन्तय करेला पहल कररहल बानी कुछ दिन मे ही ट्राफिक पइसा लेहल सुनेके ना मिली सिलवाल बतावले बानी । हमरा अईला के बाद अटोरिक्सावाला आ स्कुल के पढनिहार लईकन सब के जनचेतना करावेके काम कररहल बतावले बानी ।
मधेश प्रदेश के पूर्व सदस्य जसपा नेता पारस साह नागरिक के सचेतना ना भईला से रास्ता मे सभे काम करेला काम करेला जवना के पालिका से समस्या समाधान करेला काम करी तबही ट्राफिक व्यवस्थापन होसकता बतावले बानी । जनता समाजवादी पार्टी के केन्द्रीय राजनितिक सदस्य रामकिशोर यादव सर्वजनिक जमिन ना रहल बा माकिर चौक आ बजार के नजिक रहल घर धनी लोग से निचेके जमिन मे पार्किङ करेला व्यवस्थापन करेला सुझाव देहले रहनी ।
संविधान सभा सदस्य प्रमोद गुप्ता स्थानिय सरकार अपने मे मजबुत रहल बा ट्राफिक से मिलके व्यवस्थापन करी तब होसकता बतावले बानी । मानवत मटिअर्वा मे पानी पटवला से सास्ती भोगरहल बा बनावेला साहस करेके गुप्ता बतावले बानी । जनमत पार्टी के जिल्ला अध्यक्ष शिवनाथ पटेल स्थानिय सरकार ट्राफिक व्यवस्थापन के खातिर जगह बनाके सवारी साधन राखेला काम ना करी तब तकले ना होसकता बतावले बानी ।
कलैया बजार मे आवेवाला बाहर के गाडी सब के एकतर्फी सभे ओर से बनावेके सल्लाह देहले बानी । नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी माओवादी केन्द्र कलैया नगर अध्यक्ष मुकेश साह बारा के जिल्ला प्रशासन कार्यालय आ प्रहरी कार्यालय के अगाडि लगावल सवारी साधन के पार्क कवन नियम कानुन से लगावल गईल बा जवन कवनो दुसर जिल्ला मे ना भईल सिकायत कईले बानी । ट्राफिक प्रहरी भरत चौक मे ही गाडी सब के रोक के रसिद काटल ना निमन भईल बतावले बानी । कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ४ के वार्ड अध्यक्ष जटाशंकर यादव बडका सहर मे नाशा पियेके आवेवाला के चेकजाच होखेला माकिर कलैया मे ना कईल जाला सिकायत कईले बानी ।
जेसिस कलैया के पूर्व उपाध्यक्ष सुबास जयसवाल ट्राफिक व्यवस्थापन करेला जेसिस के सदस्य सब जनचेतना करावेला तईयार रहल बतावले बानी । गाँव–गाँव से किसान सब तरकारी लेके आवेला ओकरा से ट्राफिक प्रहरी से पईसा लेहल काम बन्द करेला सुझाव जयसवाल देहले रहनी । संजिव मिश्रा कलैया उपमहानगरपालिका के मुख्य चौक के भद्रगोल हटावेला अकाशे पुल के व्यवस्थापन करेला सुझाव देत व्यवस्थापन कर सकल जाई कहके बतावले बानी । संचारकर्मी रमेश साह विशेष व्यक्ति आवेला ओकरा खातिर रोड सफा कईल जाला माकिर नागरिक के खातिर कवनो सुविधा ना देहल जाला सिकायत कईले बानी ।
ट्राफिक प्रहरी भिड भईल जगह मे प्रहरी गाडी रोक के पईसा के चलखेल करेला सिकायत साह कईले बानी । बारा नागरिक समाज अध्यक्ष उमेशलाल दास बोर्ड से जेतना अधिक लोड गाडी आवेला ट्राफिक प्रहरी ना रोकले आर्थिक लाभ होखले शकारहल सास्ती भोग रहल नागरिक के सिकायत रहल बतावले बानी ।
व्यापारी सब के छड सिमेन्ट आ अधिक लोड कईल गाडी चेकजाच आ जरिवाना ना कईल जाला काहेकी उहेलोग के कहनाम रहेला पईसा प्रहरी लेवले जवना से नागरिक दुःख भोग रहल दास बतावले बानी । बारा उधोग वाणिज्य संघ बारा के उपाध्यक्ष प्रदिप साह, कलैया उपमहानगरपालिका के प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत नाथु साह लगायत के लोग आपन आपन विचार रखले रहनी । राजेश कुशवाहा, अनिल कुशवाहा के सहकार्य मे भईल कार्जक्रम के सञ्चालन जुही मेहता कईले रहनी ।






