श्री विष्णु महायज्ञ के खातिर भव्य कलश यात्रा निकालल गईल

श्री विष्णु महायज्ञ के खातिर भव्य कलश यात्रा निकालल गईल

वीरगंज २७ माघ

वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १४ पिपरास्थित वीरगंज चिनी मिल परिसर मे एतवार से सुरु होखे लागल श्री सीताराम नाम संकिर्तन महायज्ञ १०८ कुञ्च एंव ९ दिने श्री विष्णु महायज्ञ के एक दिन पहिले शनिचर के दिने भव्य कलश यात्रा निकालल गईल रहे ।

महायज्ञ व्यवस्थापन समिति पिपरा के आयोजना मे निकलल भव्य कलश यात्रा मे वीरगंज के अनेकन जगहा से आईललोग सहभागीता जनवले रहलन ।

चिनी मिल के पशुपतिनाथ मन्दिर प्राङ्गण मे एतवार से सुरु होखेवाला महायज्ञ के उपराष्ट्रपति रामसहाय यादव समुदघाटन करेके कार्जक्रम रहल बा ।

फागुन ८ गते तक चलेवाला महायज्ञ मे प्रमुख प्रवचक तथा कथा वाचक साध्वी लक्ष्मी माता रहेके महायज्ञ के संरक्षक श्री श्री १००८ श्री जगत नन्दन दास महराज(पगला बाबा) बतवनी ।

उनका मुताविक महायज्ञ मे १०८ कुञ्ज मे १०८ गो मण्डली अखण्ड पूजापाठ तथा कीर्तन करेके कार्जक्रम रहल बा । महायज्ञ मे रामचरितमानस पाठ प्रवचन, रामलीला, रासलीला, रामायण पाठ सहित के कार्जक्रमसब भी होखी । महायज्ञ मे आवेवाला श्रद्धालु भक्तजन के खातिर भण्डारा के व्यवस्था कईल महायज्ञ व्यवस्थापन समिति जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।