मनोज कुमार साह वीरगंज महानगर संयोजकमे मनोनित
मनोज कुमार साह वीरगंज महानगर संयोजकमे मनोनित

वीरगंज १६ असोज
नेपाली कांग्रेसके १५औँ महाधिवेशनके तयारीके क्रममे मनोज कुमार साहके नेपाली कांग्रेस वीरगंज महानगरपालिका संयोजकके जिम्मेवारी देहल गइल बा।
पार्टीके संगठनात्मक गतिविधि के अउरी व्यवस्थित, प्रभावकारी आ मजबूत बनावेके उद्देश्यसे साहके महानगर संयोजकके जिम्मेवारी देहल गइल हो।
महानगर संयोजकके मुख्य जिम्मेवारीअन्तर्गत महानगरभितरके वडा आ पार्टीके स्थानीय संरचनाबीच समन्वय करे, नेता–कार्यकर्ताबीच सहकार्य आ एकता कायम राखे, संगठन विस्तार आ सुदृढीकरणमे भूमिका निभावे तथा पार्टीके कार्यक्रम आ निर्णयके स्थानीय तहसम्म प्रभावकारी ढंगसे कार्यान्वयन करेमें सहजीकरण करेके रहल बा।
१५औँ महाधिवेशनके सफल, मर्यादित आ लोकतान्त्रिक ढंगसे सम्पन्न करावे खातिर स्थानीय नेता–कार्यकर्ताके परिचालन करत संगठनात्मक गतिविधिके गति देवेके जिम्मेवारी भी संयोजक साहके रहल बा।
मनोनयनपत्रमे पार्टीके नीति, सिद्धान्त, आदर्श आ निर्णयके आत्मसात् करत जिम्मेवारी इमानदारी आ सक्रियतापूर्वक निर्वाह करेके विश्वास व्यक्त कइल गइल बा।
वीरगंज महानगरपालिका–१० निवासी मनोज कुमार साहके नयका जिम्मेवारीके लेल बधाई तथा सफल कार्यकालके शुभकामना व्यक्त कइल गइल बा।






