सखुवाप्रसौनी मे टी– २० क्रिकेट टुर्नामेन्ट सुरु, अध्यक्ष यादव कईलें उदघाटन

सखुवाप्रसौनी मे टी– २० क्रिकेट टुर्नामेन्ट सुरु, अध्यक्ष यादव कईलें उदघाटन

वीरगंज ०३ फागुन

पर्सा के सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका मे पालिका स्तरिय दुसरका २०८० क्रिकेट टुर्नामेन्ट सुरु भईल बा ।

सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका के सहजोग आ युवा समाज सखुवा प्रसौनी क्रिकेट कल्ब के आयोजना मे भईल टी– २० क्रिकेट टुर्नामेन्ट के एगो कार्जक्रम के बीच गाँवपालिका के अध्यक्ष जसवन यादव ब्याटिङ करके उदघाटन कईले रहनी ।

प्रमुख अतिथि अध्यक्ष यादव अब के युवालोग के खेलकुद मे मात्र ना देश चलावे खातिर भी युवा के जरुरत रहल बतवनी । युवालोग के खेलकुद के साथे रोजगारी के भी जरुरी रहल बतवनी ।

उ प्रदेश सरकार से प्रदेश मे खेलाडीलोग उत्पादन करे ना सकल आ खेलाडीलोग से भेदभाव करके खेलाडीलोग के ऊर्जा आ मनोबल के समाप्त करेके खेल कर रहल आरोप लगवनी । प्रदेश सरकार कमाए खाएके बाहेक आउर कउनो बढिया काम करे ना सकल आ उहे चलते प्रदेश नेतृत्व मे युवालोग के जरुरी रहल बतवनी ।

आवेवाला दिन मे सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका के युवालोग के खेलकुद, कुश्ती लगायत मे प्रशिक्षण देके अगाडि बढावेके प्रतिबद्धता जनवनी । युवालोग के खेलकुद के माध्यम से शारीरिक आ मस्तिष्क विकास के साथे गाँवपालिका के नाम देश विदेश मे होखेके बतवनी ।

वार्ड नं २ श्रीपुर पचगावा मे आजु पहिलका खेल सखुवा प्रसौनी आ जगरनाथपुर गाँवपालिका बीच भईल रहे । उ खेल मे जगरनाथपुर क्रिकेट टिम टस जितके ब्याटिङ करत ४ विकेट के क्षति मे ११६ रन बनवले रहे । ओकर जवाफ मे उतरल सखुवा प्रसौनी टिम ५ विकेट के क्षति मे ११७ रन बनाके जितल रहे । आजु के खेल के मैन अफ दी म्याच जेद अन्सारी घोषित भईल रहनी ।

खेल के उदघाटन कार्जक्रम मे उपमेयर शर्मिंला बिष्ट महतो, वार्ड अध्यक्ष मोजलिम मिया, अनरुद्ध पटेल, शंकर चौधरी, जवाहिर पटेल, जदु साह तेली, चन्दन सहनी, ज्ञानेंद्र चौधरी, पारस महतो लगायत के सहभागिता रहल रहे । शनिचर के दिने परवानीपुर गाँवपालिका आ कालिकामाई गाँवपालिका बीच होखेके चन्दन सहनी बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।