अभी के शिक्षा ऐन भद्रगोल रहला से संशोधन जरुरी बा ः सांसद यादव

वीरगंज । वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. ११ श्रीपुर मे रहल ओेम नेशनल एकेडेमी के ९ वाँ वार्षिकोत्सव समारोह भव्य कार्जक्रम के बीच पुरा भईल बा ।
वार्षिकोत्सव समारोह के प्रमुख अतिथि जनता समाजवादी पार्टी के प्रमुख सचेतक एवं पर्सा क्षेत्र नं. १ के सांसद प्रदीप यादव वार्षिकोत्सव मनावेके अर्थ विद्यार्थी के स्कूल मे पढाई के साथे खेलकुद, विज्ञान, सांस्कृतिक लगायत चौतर्फी विकास कईसन हो रहल बा कहके सभी केहु देखो उहे उदेश्यसे मनावल जाला कहके बतवले बानी । जउना से स्कूल उपर के विश्वास कायम राखेमे सहजोग पुगेला कहके बतवनी ।
शिक्षा हि समाज के समृद्ध आ सभ्य बनावेके पहिलका कडी रहल चर्चा करत सांसद यादव शिक्षा हि समाज विकास के प्रमुख आधारस्तम्भ भईल बतवले बानी । शिक्षा प्रणाली मे रुपान्तरण के जरुरत रहल बतावत उ केवल रटाके पढावला से भी व्यवहार मे लागु होखेवाला किसिम से सिखावेवाला विधी मे शिक्षक से जोड देवेके पडल कहनी ।
जउन समाज शिक्षित ना होखी उ समाज हरेक क्षेत्र मे पिछडत जाला, उहाँ सभ्यता के भी कमी देखल जाला । अभी आधुनिक आ प्रविधि के युग मे लईकालईकी के सही रास्ता आ समाज रुपान्तरण ओरी अग्रसर होके पठन पाठन आ अध्यापन कईल करावल जरुरत रहल बतवनी ।
हरेक स्कूल कम्ति मे १० प्रतिशत गरिब, असहायक, निमुखा विद्यार्थी के छनौट करके निःशुल्क शिक्षा देवेके निति, नियम आ कानुनी प्रावधान रहला से भी उहे मुताविक करे खातिर भी निहोरा कईले रहनी ।
अभी बहुते अईसन स्कूल मे शिक्षक, शिक्षिकालोग के श्रम शोषण हो रहला से श्रम ऐन मुताविक तलब सुविधा देवे खातिर निहोरा कईले रहनी । हमर पार्टी के हि शिक्षा मन्त्री रहल आ अभी लियावल शिक्षा ऐन मे बहुते गल्ती रहला से संसोधन करे खातिर हम दर्ता करवले बानी ।
उ ओम नेशनल ऐकेडमी बितल समय से हि शैक्षिक उत्कृष्टता सहित विद्यार्थीलोग के सर्वाङ्गीण विकास के खातिर अनवरत रुप मे क्रियाशिल रहल आ एकरा से कम समय मे शैक्षिक क्षेत्र मे आपन पहिचान बनावेमे सफल भईल बतवनी ।
अभी शिक्षा ऐन आवे लागल माकिर आपन पार्टी के हि शिक्षा मन्त्री भईला पर भी भद्रगोल रहल बतवनी । शिक्षा ऐन सभी के स्विकार्य होखेवाला किसिम के होखेके पडल कहत हम भी ऐन संशोधन करे खातिर निवेदन दर्ता करावल बतवनी ।
ओम नेशनल एकेडेमी स्कुल के डाइरेक्टर एवम् प्रिन्सिपल हरिश्याम ठाकुर के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस के डाक्टर महेन्द्र गुप्ता, स्कुल के डाइरेक्टर नागिना प्रसाद साह, वार्ड नम्बर ११ के वार्ड अध्यक्ष अजय चौरसिया, प्याब्स के केन्द्रिय सदस्य छेडुप लामा, मधेस प्रदेश के वरिष्ठ उपाध्यक्ष श्याम केसी, प्रदेश सदस्य इमामुदीन अहमद, सल्लाहकार लालबाबु पटेल, जिल्ला अध्यक्ष पुरन प्रधान, वरिष्ठ उपाध्यक्ष सरोज प्रसाद चौधरी, उपाध्यक्ष शिवजी गुप्ता, कोषाध्यक्ष रामकिशोर यादव, जिल्ला सचिव राहुल श्रीवास्तव, नृसिंह मावि के प्रअ हरेन्द्र कुर्मी, त्रिजुद्ध मावि के नवीन मिश्रा लगायत के सहभागीता रहल रहे ।
वार्षिकोत्सव के अवसर मे अनेकन बिधा मे उत्कृष्ट अंक लियावेवाला विद्यार्थी तथा अतिथिलोग के भी सम्मानित कईल रहे । कार्जक्रम के स्वागत मनतब्य बिधालय के संचालक नागिना प्रसाद साह कईले रहनी आ कार्जक्रम के सहजिकरण संयोजक प्रेम बाबू गुरुङ कईले रहनी । वार्षिकोत्सव समारोह मे विद्यार्थीलोग अनेकन भेसभुषा मे सजके नृत्य प्रस्तुत कईले रहलन ।






