पर्सा के जेठ ३ गते पूर्ण खोप युक्त जिल्ला घोषणा करेके तईयारी
पर्सा के जेठ ३ गते पूर्ण खोप युक्त जिल्ला घोषणा करेके तईयारी

वीरगंज ०६ फागुन
पर्सा जिल्ला के आवेवाला जेठ ३ गते औपचारिक रुप मे पूर्ण खोप युक्त जिल्ला घोषणा करेके जनावल गईल बा । स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा एतवार के दिने वीरगंज मे आयोजना कईल पूर्ण खोप तथा दिगोपना सम्बन्ध मे सरोकारवाला से बतकही कार्जक्रम मे अईसन सहमति भईल बा ।
कार्यालय के खोप अधिकृत जयमोद ठाकुर बितल हप्ता कालिकामाई गाँवपालिका के पूर्ण खोप युक्त पालिका घोषणा कईला सँगे जिल्ला के १४ गो पालिका पूर्ण खोप युक्त घोषणा भईला से अब जिल्ला के हि पूर्ण खोप जिल्ला घोषणा करेके रास्ता खुलल बतवनी । माकिर ओकरा खातिर वैशाख मे संचालन होखेवाला आउर खोप अभियानसब के सफलतापूर्वक पुरा करके मात्र विधिवत रुप मे पूर्ण खोप जिल्ला घोषणा कईल उपयुक्त होखेके बतवनी ।
मधेस प्रदेश के आठ मेसे चार जिल्ला पूर्ण खोप युक्त जिल्ला घोषणा भइल कहत उ अब पर्सा, रौतहट, धनुषा आ महोत्तरी जिल्ला मात्र पूर्ण खोप युक्त जिल्ला घोषणा होखेके बाँकी रहल बतवनी ।
कार्जक्रम मे पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी दिनेश सागर भुषाल सरकार आवेवाला असाढ मसान्त तक देश के पूर्ण खोप युक्त राष्ट्र घोषणा करेके लक्ष्य के साथ काम कर रहल आ ईहे सन्दर्भ मे पर्सा जिल्ला ५ महिना पहिले हि सफलता मिलल सराहनिय रहल बतवनी ।
युनिसेफ नेपाल के प्रतिनिधि विक्की प्रसाई आ विश्व स्वास्थ्य संगठन नेपाल के प्रतिनिधि सुरेश शुक्ला बहुते परिश्रम आ चुनौतीसब के पार करत पर्सा जिल्ला के स्वास्थ्यकर्मीलोग पूर्ण खोप अभियान के सफल बनईला मे शुभकामना देहनी ।
पर्सा मे पूर्ण खोप कार्जक्रम २०७३ वैशाख से सुरु कईल रहे । लक्ष्य मुताविक सन् २०१७ भितर जिल्ला के पूर्ण खोप घोषणा करेके रहे । माकिर उ समय मे भी होखे ना सकला के बाद बेर बेर म्याद थपत काम होत आईल बा ।
पूर्ण खोप युक्त जिल्ला घोषणा करे खातिर जिल्ला के २३ महिना से कम के करिब २५ हजार लईकालईकी सभी खोप लगावेके पडि । उ मेसे १ बरीस से कम के १५ हजार लईकालईकी के दादुरा के दुसरका खोप लगावल होखेके चाहिं ।
१५ महिना से २३ महिना उमिर समूह केउ सभी लईकालईकी एगो भी खोप ना छोडके सभी खोप लगावल अवस्था मे पालिका भा जिल्ला के पूर्ण खोप घोषणा कईल जाला । २३ महिना से कम के लईकालईकी बिसिजी १ मात्रा, डिपिटी÷एचइपिबिएचआइबिको ३, ओपीभी के ३, पीसीभी के ३, दादुरा के २, जेइ के १ डोज खोप लेवेके पडेला । उ मेसे एगो भी लईकालईकी कउनो एगो खोप से बन्चित ना होखेके चाहिं ।
प्रजिअ भुषाल के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे जिल्ला समन्वय समिति के उपप्रमुख पुरन कुर्मी, स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के प्रमुख डाक्टर मुक्ति नारायण साह, नारायणी अस्पताल के डाक्टर उदयनारायण सिंह, सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक किशन कर्मचार्य, प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमार विक्रम थापा, वीरगंज महानगरपालिका के स्वास्थ्य महाशाखा प्रमुख अनिल यादव, स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के जनस्वास्थ्य अधिकृत जयमोद ठाकुर, सामाजिक अभियन्ता प्रकाश थारु लगायत के भी सहभागिता रहल रहे ।






