रौतहट मे सभी के सहमति मे सरस्वती के मूर्ति डुबावल गईल

रौतहट मे सभी के सहमति मे सरस्वती के मूर्ति डुबावल गईल

मेवालाल यादव

रौतहट ०७ फागुन

रौतहट के ईशनाथ नगरपालिका मे कर्फ्यु अवधि भितर सभी के सहमति मुताविक सरस्वती के मूर्ति डुबावल गईल बा ।

मधेस प्रदेश प्रहरी प्रमुख एवं डीआईजी यज्ञविनोद पोखरेल के सक्रियता मे जिल्ला समन्वय समिति के सभाकक्ष मे सोमार के दिने बईठल सर्वदलीय सर्वपक्षीय बईठक के निर्णय मुताविक मूर्ति डुबावल गईल बा ।

ईशनाथ–७ घिउरा गाँवस्थित विद्यालय के बगल मे रहल सार्वजनिक पोखरा मे एकरा से पहिले भईल सहमति मुताविक मूर्ति डुबावल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट के प्रवक्ता डीएसपी एलिजा गिरी बतवनी ।

प्रमुख जिल्ला अधिकारी हिरालाल रेग्मी के अध्यक्षता मे बईठल बईठक मे डीआईजी पोखरेल, सशस्त्र प्रहरी के डीआईजी दीपेन्द्र साह, राष्ट्रिय अनुसन्धान विभाग के डीआइजी सञ्जय यादव, अनेकन राजनीतिक दल के प्रतिनिधि के सहभागिता रहे ।

बईठक के बाद संघीय सांसद किरण कुमार साह, जिल्ला समन्वय समिति के सभापति रामअयोध्या यादव, तीनु सुरक्षा निकाय के डीआईजी, पार्टी के प्रतिनिधि सम्मिलित टोली पुगके चार दिन से राखल मूर्ति डुबावल गईल बा ।

बितल शुक के दिने सरस्वती के मूर्ति डुबावे लेजाएवाला समूह उपर घिउरा मे मुस्लिम समुदाय घर के छत से ईटापथल चलईला के बाद स्थानीय कार्तिकेश ठाकुर लगायत के कुछ आदमी घायल भईल रहलन ।

स्थिति नियन्त्रण मे लेवे खातिर जिल्ला प्रशासन कार्यालय शनिचर के दिने सँझिया ५ बजे से लागु होखेवाला किसिम से कर्फ्यु आदेश जारी कईले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।