बारा के कलैया आ जीतपुर मे निकालल गईल सद्भाव जुलुस
बारा के कलैया आ जीतपुर मे निकालल गईल सद्भाव जुलुस

प्रभु यादव
बारा ०९ फागुन
बारा के कलैया आ जीतपुर मे बुध के सबेरे धार्मिक सामाजिक सद्भाव जुलुस निकालल गईल बा ।
कलैया मे जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा के अगुवाई आ जीतपुर मे स्थानीय धार्मिक संघसंस्था के आयोजना मे सद्भाव जुलुस निकालल जनावल गईल बा ।
जिल्ला प्रशासन कार्यालय परिसर से निकलल सद्भाव जुलुस कलैया के बजार क्षेत्र परिक्रमा कईले रहे । रौतहट के ईशनाथ नगरपालिका मे फागुन ३ गते दु पक्षबीच भईल झडप के बिषय के लेके सामाजिक सद्भाव बिथोलेके प्रयास हो रहल कहत प्रशासन के अगुवाई मे सद्भाव जुलुस निकालल गईल बा ।
सामाजिक एकता आ सद्भाव कायम रहल सन्देश देवे खातिर निकालल गईल जुलुस मे अनेकन राजनीतिक दल के नेतृत्व तथा प्रतिनिधि, जनप्रतिनिधि, धार्मिक तथा सामाजिक संघसंस्था के प्रतिनिधि, सुरक्षाकर्मी, कर्मचारी, शिक्षक, खेलाडी, स्थानीय लगायत के सहभागिता रहल रहे ।
एकरा से पहिले मंगर के दिने स्थानीय प्रशासन आ बारा मे क्रियाशिल राजनीतिक दलबीच सामाजिक सद्भाव बिगडे ना देवे खातिर छलफल भईल रहे । उ छलफल मे सामाजिक तथा धार्मिक एकता कायम राखे खातिर प्रतिवद्धता जनावल १२ राजनीतिक दल संयुक्त अपिल भी जारी कईले रहलन ।
एहितरे जीतपुर मे निकालल जुलुस बजार परिक्रमा करत सामाजिक धार्मिक सहिष्णुता कायम राखे खातिर सन्देश देहले रहे । जुलुस मे सर्वपक्षीय सहभागिता रहल रहे ।






