शिवरात्री के अवसर पर शिवालय सब मे भिड

शिवरात्री के अवसर पर शिवालय सब मे भिड

प्रभु यादव

बारा २५ फागुन

बारा के शिवालय सब मे शिवरात्री के असर पर अधिक भिड रहल रहे । सहजनाथ महादेव काटघाट मे हजारी कफला के बोल बम कावर वला हजारी कफला दु हजार तीन सय करिब मे भारत के पटना रानीघाट से जल लेके आईल रहलन ।

काँवर लेके आईल लोग के घर से आईल सदस्य आ श्रद्धासुमन भईल लोग के पहुचला से सहजनाथ महादेव काटघाट मे अधिक भिड बढल रहे हजारी कफला के सरकार बैधनाथ चौधरी जानकारी करावले बानी । सहजनाथ महादेव के मेला देखे बारा, पर्सा, रौतहट, मकवानपुर आ विहार के दर्शनार्थी सब आवेलन कहके कफला सरकार चौधरी बतावले बानी ।

कलैया २ के लङ्गडा मठ मुक्तेश्वरनाथ महादेव, कलैया ३ भवानीपुर मे सिद्धेश्वरनाथ महादेव, मझरिया के महादेव स्थान आ सिम्रौनगढ के कंकाली स्थान मे रहल महादेव मन्दिर मे अधिक पवनी करेवाला जनानी लोग के भिड रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।