सवारी साधन के नविकरण नईखे भईल त चईत भर मे जरिवाना नालागी : मुख्यमन्त्री यादव

सवारी साधन के नविकरण नईखे भईल त चईत भर मे जरिवाना नालागी : मुख्यमन्त्री यादव

प्रभु यादव

बारा ३ चईत

कलैया उपमहानगरपालिका–३ गंगापुर मे वर्षा ड्राइभिङ एण्ड ट्रेनिङ्ग सेन्टर के उद्घाटन मधेश प्रदेश के मुख्यमन्त्री सरोज यादव कईले बानी ।

कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि मधेश प्रदेश के मुख्यमन्त्री सरोज यादव आठो जिल्ला मे यातायात व्यवस्था कार्यालय खुल गईल बा जवना से सभे के सहज भईल बतवले बानी । जवन गाडी के नविकरण बाकी होई जवना सब के चईत महिना भर मे विना जरीवना के करावेके व्यवस्था कईल गईला से सभे से करावेला यादव निहोरा कईले बानी ।

जनता समाजवादी पार्टी के केन्द्रीय राजनिति समिति सदस्य रामकिशोर यादव सवारी चालक अनुमतिपत्र नियम अनुसार के परिक्रिया पूरा करके ही देवेके बतावले बानी ।

बारा जिल्ला समन्वय समिति के संयोजक नरेन्द्र साह, जनता समाजवादी पार्टी के केन्द्रीय सदस्य प्रकाश चौगाई, डाक्टर कर्मुलाह लगायत के लोग आपन आपन बात राखत बारा के जनता सब के खातिर संघियता भईला से सभे कार्यालय के पहुच पुगरहल बतवले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।