भिस्वा होटल के क्यासिनो मे पुलीस छापा मारके चार नेपाली के पकडलख

भिस्वा होटल के क्यासिनो मे पुलीस छापा मारके चार नेपाली के पकडलख

वीरगंज ०७ चईत

वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १५ स्थित होटल भिस्वा मे सञ्चालित सीएमजी क्लब क्यासिनो मे पुलीस छापा मारके चार जने नेपाली के पकडले बा ।

मंगर के सँझिया जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा से खटल अपराध अनुसन्धान के टोली भिस्वा होटल के क्यासिनो मे छापा मारके चार जने के नियन्त्रण मे लेहले बा ।

पकडाएवाला मे क्यासिनो के मार्केटिङ म्यानेजर वीरगंज–११ के ३४ बरीस के उमेश कार्की, क्यासिनो के फ्लास मनिटर वीरगंज–१६ के ३४ बरीस के पप्पु सिंह, क्यासिनो के सुरक्षा गार्ड वीरगंज–१५ के ३२ बरीस के प्रताप लामा आ क्यासिनो मे जुवा खेल रहल वीरगंज–१६ के ४० बरीस के सुरज कुमार कलवार रहल बाडन ।

क्यासिनो मे अनाधिकृतरूप मे नेपाली नागरिक के प्रवेश कराके जुवा खेला रहल सूचना के आधार मे खटल पुलीस टोली उलोग के पकडल पर्सा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमार विक्रम थापा बतवनी ।

थापा के मुताविक क्यासिनो मे पुलीस के टोली पुगला पर उहाँ के कर्मचारी पुलीस से वादविवाद करके भितर घुसेमे अवरोध कईला के बाद क्यासिनो मे घुसके पुलीस उलोग के नियन्त्रण मे लेहले बा । नियन्त्रण मे लेहल गईल चार जने के पुलीस हिरासत मे राखके अनुसन्धान हो रहल प्रहरी नायब उपरीक्षक थापा बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।